पेट्रोल के महँगाई बढला से खाना बनावेवाला ग्यास से मोटरसाइकल चल रहल

प्रभु यादव

बारा २६ फागुन,

बारा के पचरौता नगरपालिका वार्ड नम्बर ७ सखुवाघाट मे पेट्रोल से चलते आईल मोटरसाइकल खाना बनावेवाला गैस से चलरहल बा ।

वाई वो एक्स पुरान गाडी पेट्रोल से चलत आईल पेट्रोल ना मिलल समय मे खाना बनावेवाला गैस से चलावेला चेकजाच कईला पर मोटरसाइकल चलेलागल मोटरसाइकल वाला मनोज मुखिया जनकारी करावले बानी । आपने वैलणडीङ्ग मिस्त्री बानी पाँच महिना पहिले कार्पेट हटा के गैस चुलाहा मे लागेवाला नोजल से मोटरसाइकल के ईन्जिन चलावेला प्रयास कईला पर सफल से सञ्चालन मे आईल तब गाडी चलावेला काम करेला समान सब लिया के चलारहल बानी मुखिया बतावले बानी ।

आजु दु दिन से दु लिटर खाना बनावेवाला गैस सिलिन्डर मोटरसाईकल मे बाध के लचारहल बानी करिब एक सय किलो मिटर चलालेलेवानी अभि आधा गैस बाकी रहल मुखिया जनकारी करावले बानी । चुलाहा के रेगुलेटर सुईच मे तार लगा के एसलेटर मे बाध के मोटरसाइकल के रेस कम बेसी कररहल मुखिया जनकारी करावले बानी ।

ईन्जिन मे कवनो असर ना भईल बा पाछे काहो सकता देखे के परी मुखिया जनकारी करावले बानी । पहिले कहि ना देखले बानी ना केहु कहले बा आपने आप खाना बननवेवाला गैस से चलावेला सुरू कईला पर चालू भईल जवना के रास्ता पर चलावेला बनवले बानी मुखिया बतावले बानी ।

अभि के कवनो मोटरसाइकल मे कार्पेटर हटा के खाना बनावेवाला गैस के समान सब लगावला पर गैस से चले लागि मुखिया जनकारी करावले बानी । कार्पेटर हटा के गैस से चलेवाला बनावेला तीन हजार मजदुरी सहित खर्चा लागि जनकारी करावले बानी । पचरौता नगरपालिका के वार्ड नम्वर १ पिपरपाती के चौक पर वेल्डीङ्ग के दुकान कर के मजदुरी मुखिया करेनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।