पत्रकार महासंघ पर्सा के सदस्यता फर्म भरेके समय ११ गते तक।

वीरगंज ०७ माघ,
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के कार्य समिति के आजु बईठक बईठक से अनेकन निर्णय कईले बा ।
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा मे बईठल बईठक से नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा से नयाँ सदस्यता ना देहल कहत आईल अनेकन किसिम के आरोप उपर आपत्ति जनावत सदस्यता लेवे चाहेवाला आदमी नेपाल पत्रकार महासंघ के निर्वाचन होखे से पहिले ६ महिना अगाडी बाहेक कउनो भी समय सदस्यता लेवे सकेके प्रावधान रहला पर भी शाखा के बदनाम करावे के उदेश्य से कईल प्रचारबाजी आ भ्रम मे केहु ना पडे खातिर निहोरा कईल गईल बा ।
महासंघ के नयाँ सदस्यता के खातिर नेपाल पत्रकार महासंघ केन्द्रिय समिति के २०७६ अगहन २ गते गोरखा मे बईठल संगठनात्मक बईठक से प्रस्ट रुप मे सदस्यता फारम ना खोलेके पडि कहके कहला पर भी नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा मे अभी तक नयाँ सदस्यता के खातिर कउनो भी निवेदन ना अईला से क्रियाशिल पत्रकारलोग के बिधान से देहल मापदण्ड भितर रहके फारम भरे खातिर निहोरा करत निर्णय कईले बा ।
ई सन्दर्भ मे आजु के मिति से महासंघ के कार्यालय मे नयाँ सदस्यता लेवे चाहेवाला आदमी खुदे २०७६ माघ ११ गते भितर नेपाल पत्रकार महासंघ के सभाहल मे निवेदन बुझावे के निर्णय कईले बा ।
केन्द्रीय कमिटि के विधान से निर्दिष्ट कईल प्रमाण सहित निवेदक से रु ५ सय रोपेया सहित महासंघ के कार्यलय मे निवेदन देवेके आ एकरा खातिर कार्यसमिति सदस्य जियालाल साह के जिम्मेवारी देहल गईल बा ।
एहितरे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के २३ वाँ सधारण सभा मे प्रस्तुत प्रतिवेदन मे असन्तुष्ट विषय उपर गठित छानविन समिति से बुझावल प्रतिवेदन मे देखावल गईल सुझाव के छलफल कईला पर सहजोगी दाता से देहल सहजोग नेपाल पत्रकार महासंघ के भवन निर्माण मे खर्च कईल देखल गईल बा ।
प्रतिवेदन मे उल्लेख सुझावसब के कार्यान्वयन कईल आ बुझावल गईल प्रतिवेदन मे कार्यसमिति उपर कुछ विषय मे पूर्वाग्राही भी देखल गईला से विधि सम्वत काम करेके निर्णय कईल गईल बा ।
साथे देखावल गईल सुझाव के कार्य समिती से कार्यन्वन मे लियावे के आ उठल नगद एवं जिन्सी अनियमितता ना भईल ठहर भी कईल महासंघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बञ्जारा से ईमेल मे पठावल गईल समाचार मे जनावल गईल बा ।
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा के सभापतित्व मे भईल बईठक मे उपाध्यक्ष अनुप तिवारी, सचिव युवराज खड्का, सह सचिव आरके पटेल, कोषाध्यक्ष भुषण यादव, सदस्यलोग संजिव मिश्रा, सफल खतिवडा, जियालाल साह, मनोज पटेल, अमित अग्रवाल, सुष्मा शर्मा, प्रणय साह, पुष्पराज तिमलशिना लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
बईठक से एकरा से पहिले गठन कईल सदस्यता नविकरण, शुद्धिकरण एवं सिफारिस समिती के आउर जिम्मेवारी भी देवेके निर्ण कईले बा ।






