बीएमसी टावर मे बीरगंज मेघा कलेज सञ्चालन

वीरगंज २७ फागुन
बीरगंज मेघा कलेज (बीएमसी) आपन स्थापनाकाल के कम समय मे बीएमसी टावर मे कलेज सञ्चालन करेके जनावल गईल बा ।
आजु एगो कार्जक्रम के बीच हिन्दु धर्म तथा संस्कृति मुताविक पूजा तथा हवन के आयोजना करके नेश्नल ट्रेडिङ्ग के पछाडि नेपाल पत्रकार महासंघ के लगे, ब्रह्म चौक, बीरगंज मे रहल बीएमसी टावर मे गईल बात बीरगंज मेघा कलेज के चेयरम्यान शम्भुप्रसाद गुप्ता जानकारी देहनी ।
आपन शैक्षिक कार्यतालिका मुताविक अनुकुल तालिम, प्रशिक्षण, खेलकुद, सेमिनार, क्षमता अभिबृद्धि तथा अतिरिक्त क्रियाकलाप आउर बहुते गतिविधि करेमे सजिलो होखो कहके उद्देश्य से श्री सुरजी देवी स्कूल मे सञ्चालन मे रहल बीरगंज मेघा कलेज होलि पर्व के बाद बीएमसी टावर मे सञ्चालन होखेके बात कलेज के प्रिन्सिपल दिपेन्द्रप्रसाद कानु बतवनी ।
अभी बीरगंज मेघा कलेज मे म्यानेजमेण्ट तथा ल विषय ओरी ११ तथा १२ किलाससब सञ्चालन मे रहल बा आ आवेवाला शैक्षिकशत्र से आउर शैक्षिक कार्जक्रमसब भी थपात जाएके योजना रहल बात प्रिन्सिपल कानु जानकारी करवनी ।
उ भवन पुजन के अवसर मे मुख्य अतिथि नेकपा एमाले के पर्सा इन्चार्ज प्रभु हजरा, एहितरे डा. विश्वम्बर शर्मा, डा. संतोष गुप्ता, प्राध्यापक विनोद गुप्ता, समाजसेवि मदन गुप्ता, मुकेश गुप्ता, बुद्धिजीवी परिषद् के रुदल ठाकुर, बीएमसी के कोअर्डिनेटर प्रकाश यादव, गुड्डु साह, विश्वास शाह, मुस्तुफा अंसारी, सम्झना काफ्ले, मेघा ठाकुर, ममता गुप्ता लगायत अनेकन स्कूल के प्रध्यानाध्यापक, शिक्षकशिक्षिका, अभिभावक तथा विद्यार्थीलोग के सहभागीता रहल रहे ।






