नेता शिव पटेल नेकपा एमाले मे प्रवेश करेके पक्का

वीरगंज २७ फागुन

मधेसबादी राजनीति मे आपन पहिचान बनावल नेता शिव पटेल नेकपा एमाले मे प्रबेश करेके जनावल गईल बा । नेकपा एमाले के अध्यक्ष पुर्ब प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली से भेटघाट भईल आ आवेवाला २९ गते बहुदरमाइ नगरपालिका–२ पिपरा मे नेकपा एमाले नगर कमिटी से आयोजना कईल कार्जक्रम मे पार्टी प्रवेश के घोषण होखेके आ चईत ८ गते बीरगंज मे नेकपा एमाले से आयोजना कईल बृहत् पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे पार्टी प्रवेश करेके नेता पटेल बतवनी । २०४७ साल के प्रजातान्त्रिक आन्दोलन के बाद नेपाल सद्भावना पार्टी मे आबद्ध होके लगातार ३० बरीस तक मधेसबादी राजनीति मे सक्रिय नेता पटेल राष्ट्रिय जनता पार्टी के महासचिव के भुमिका भी निर्वाह करत आभी लोकतान्त्रिक समाजबादी पार्टी से आबद्ध रहल बानी ।

पर्सा जिल्ला के राजनिति मे बौद्धिक नेता के रूप मे परिचित नेता पटेल एकरा से पहिले नेपाल सदभावना पार्टी से दु बेर संसदीय निर्वाचन मे पराजय भोगल रहलन आ पिछिलका स्थायीन निर्वाचन मे पर्सा जिल्ला के बहुदर माइ नगरपालिका मे नगरप्रमुख के प्रत्यासी रहल रहनी ।

२०४६ साल के प्रजातान्त्रिक आन्दोलन, २०६२ साल के गणतान्त्रिक आन्दोलन आ २०६३ साल के मधेस आन्दोलन मे योगदान पुगावल नेता पटेल अब के राजनीति नेकपा एमाले मे करेके भईला से पर्सा जिल्ला मे चर्चा के बिषय बनल बा । पार्टी प्रबेश बारे मे नेता पटेल से सम्पर्क कईला पर खुद नेकपा एमाले प्रबेश करेके कार्जक्रम तय भईल आ ई बारेमे बिस्तृत जानकारी आवेवाला २९ गते एतवार के दिने आपन गाँव मे आयोजना होखेवाला पत्रकार सम्मेलन मार्फत जानकारी करावेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।