नेका बारा : रामानन्द पक्ष राजेश राय के समर्थन करी

बारा २७ फागुन

बारा मे नेपाली काँग्रेस के जिल्ला सभापति के खातिर शनिचर के दिने होखेवाला दुसरका चरण के मतदान मे शेखर कोइराला आ कृष्ण सिटौला पक्ष राजेश राय यादव के समर्थन करेके घोषणा कईले बा ।

बुध के दिने भईल पहिलका चरण के निर्वाचन मे सभापति के तीन प्रतिस्पर्धी मेसे केहु भी ५१ प्रतिशत मत लियावे ना सकला के बाद शनिचर के दिने दुसरका चरण के मतदान होखी ।

दुसरका चरण के मतदान मे सभापति के खातिर यादव आ शम्भुबहादुर बुढाथोकी बीच प्रतिस्पर्धा होखी । ई दुनु जने संस्थापन पक्ष के उम्मेदवार हउवन् ।

एकरा से पहिले बितल बुध के दिने भईल निर्वाचन मे सभापति मे राजेशराय ८३३, शम्भु ८०९ तथा कोइराला आ सिटौला पक्ष के उम्मेदवार रामानन्द के ७०८ मत मात्र मिलल रहे ।

पहिलका चरण के मतदान मे तिसरका जगहा के मत मिलके दुसरका चरण के प्रतिस्पर्धा से बाहर निकलल रामानन्द आ उनकर पक्ष मे रहल नेतालोग शनिचर के दिने होखेवाला मतदान मे राजेशराय के समर्थन करेके घोषणा कईले बानी ।

शुक के रात सवा ९ बजे कलैयास्थित एक होटल मे पत्रकार सम्मेलन करके रामानन्द दुसरका चरण के मतदान मे आपन समूह के समर्थन राजेशराय के रहेके बतवनी ।

उ कहनी, ‘पहिलका चरण के मतदान मे पहिलका जगहा के मत राजेशराय के मिलल, आवेवाला दिन मे सहमति आ सहकार्य के साथ पार्टी के अगाडि बढावे के सहमति उलोग बीच भईल बा, ओहिसे हमर टिम के समर्थन उलोग के रही, उनका के मत देके विजयी करावे खातिर सभी नेता कार्यकर्ता के आह्वान भी करत बानी ।’

पत्रकार सम्मेलन मे संघीय सरकार के खानेपानी तथा सरसफाइमन्त्री भी रहल नेपाली काँग्रेस के सहमहामन्त्री एवं कृष्ण सिटौला पक्ष के नेता उमाकान्त चौधरी, केन्द्रीय सदस्य रमेश रिजाल, जिल्ला सभापति के उम्मेदवार राजेशराय लगायत के भी सहभागीता रहल रहे ।

दुसरका चरण के प्रतिस्पर्धा मे रहल संस्थापनक पक्ष के सभापति के दोसर प्रत्याशी शम्भुबहादुर बुढाथोकी के कांग्रेस के दोसर सहमहामन्त्री एवं पूर्वमन्त्री फरमुल्लाह मन्सुर के समर्थन रहल बा ।

सभापति पद के खातिर दुसरका चरण के मतदान कलैयास्थित श्री ३ चन्द्र मावि परिसर मे शनिचर के सबेरे १० बजे से शुरु होखेके प्रमुख निर्वाचन अधिकृत राजकुमार उप्रेती बतवनी ।

मतदान मे बारा के चार गो निर्वाचन क्षेत्र से २ हजार ४ सय ९३ जने मतदाता सहभागी होखेके कांग्रेस बारा के महाधिवेशन प्रतिनिधि सुनिल गाँउले जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।