विशाल जनसभा आ बृहत पार्टी प्रवेश कार्जक्रम के तईयारी पुरा

प्रभु यादव
बारा २७ फागुन
बारा जिल्ला के आर्दश कोतवाल गाँवपालिका के चिउटहा मे विशाल जनसभा आ बृहत पार्टी प्रवेश कार्जक्रम के सभी तईयारी पूरा भईल नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी एमाले बारा पार्टी जानकारी करावले बा ।
पार्टी कार्यालय मे पत्रकार सम्मेलन कर के कार्जक्रम के तईयारी पूरा भईल जानकारी करावले बा । नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी एमाले के केन्द्रीय अध्यक्ष केपी शर्मा ओली ११ बजे वीरगंज अईहे आ कार्यकर्ता सभे से भेटघाट कईला के वाद हेलिकप्टर से आदर्श कोतवाल गाँवपालिका के चिउटहा मे हेलिकप्टर से दुपहरीया के १ बजे शनिचर के रामचरित्र मा. बि. मे कार्जक्रम मे सहभागी होखिहें ।
आदर्श कोतवाल गाँवपालिका के रामचरित्र माध्यमिक बिद्यालय के प्राङ्गण मे होखेवाला कार्जक्रम सुरक्षा निकाय के नेपाल प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी के तीन सय आ युवा संघ नेपाल के स्वयंसेवक तीन सय व्यवस्थापन मे खटावे के प्राथमिक उपचार के खातिर दु गो डाक्टर के टोली, एम्बुलेन्स लगायत के सुबिधा सहित तईयारी बारा जिल्ला अध्यक्ष बिनोद साह जानकारी करावले बानी ।
पत्रकार सम्मेलन मे प्रमुख अतिथी पार्टी पोलिटव्युरो सदस्य पुरुषोत्तम पौडेल, अतिथी पार्टी पोलिटव्युरो सदस्य अच्युत मैनाली, ज्वाला साह, प्रदेश कमिटी सदस्य अशोक तिवारी, बारा जिल्ला अध्यक्ष बिनोद साह, सचिव अध्यान्द पाण्डे, उपसचिव अमृत बजगाइ, कार्जक्रम के व्यवस्थापन सचिव पुरुषोत्तम साह, जितेन्द्र साह लगायत के उपस्थिति रहल रहे ।






