यूप्याफ आ लुमन्ति से निर्माण कईल गईल सेलाभिप परियोजना के घर सब के अनुगमन

प्रभु यादव
बारा २८ फागुन
सन २०२० मे लुमन्ति आवाश के खातिर सहजोग समूह आ सन २०२१ मे शहरी गरिबी निवारण मंच (यूप्याफ) से निर्माण कईल गईल सेलाभिप परियोजना के घर सब के अनुगमन सेलाभिप फाउन्डेस चिल्ली कईले बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका भितर के समुदाय सब मे सेलाभिप फाउन्डेसन के सन २०२० मे लुमन्ति से निर्माण कईल ५३ गो घर सन २०२१ मे यूप्याफ से उहे परियोजना के ५१ गो घर सब के निर्माण कईल गईल १०४ गो घर के अनुगमन कईल गईल बा । सन २०२२ मे यूप्याफद्वारा निर्माण के सुरूवात कईल गईल ५१ गो थप घर के अनुगमन निरीक्षण कईल गईल बा ।
चिलि देश के सेलाभिप परियोजना के कार्यक्रम व्यवस्थापक मार्क भ्यान ओवर वेक, काठमाण्डु लुमन्ती के कार्यकारी निर्देशक लजना मानन्धर, काठमाण्डु लुमन्तिकी लुमन्ति जोशी, लुमन्ति के सूचना तथा अभिलेख व्यवस्थापन संयोजक अन्नत राज बज्रचार्य लगायत के लोग अनुगमन कईले बा ।
अनुगमन मे कलैया लुमन्ति के कार्यक्षेत्र संयोजक अब्दुल कैश, इन्जिनियर विवेक तिवारी, लेखापाल नितु मंडल, सामुदायिक सहजकर्ता सूर्य राज पासवान, सरिता कुशवाहा, अजय यादव, मंच के कोषाध्यक्ष सबिता पासवान, सचिव प्रदिप राम, सदस्य तायरा खातुन,मनोज मंडल, दिपेन्द्र पासवान, अजय राम रामबिनय हजरा, नितु कुशवाहा, लगायत के टोली घर सभे के समूदाय मे पुग के अवलोकन भ्रमण कईले रहनी रविन्द्र साह जनकारी करावले बानी ।






