नेका पर्सागढी–४ मे होली मिलन कार्जक्रम

वीरगंज २८ फागुन,
पर्सा जिल्ला के पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं ४ मे बुथ समिति के बईठक तथा होली मिलन कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
बुथ सभापति जङबहादुर दास थारू के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे चुनाव नजिकात गईला से हमनी काङ्ग्रेस के साथीलोग एक जुट होके चुनाव मे जाएके पडि आ आपन पार्टी के जितावे के पडि साथे होली पर्व के सभय आ भब्य रुप मे मनावेके बात मे जोड देहले रहलन ।
कार्जक्रम मे नेपाली काँग्रेस के नगर संयोजक बिशमोहन दास थारू, वार्ड उप सभापति प्रेम साह कानु, रामप्रसाद पाठक, सचिव रामबाबु पटेल, वार्ड नं ९ के नेपाली काँग्रेस क्षेत्रीय प्रतिनिधि देवपुजन गौरो, समाजिक अगुवा नारेन्द्र यादब, राजकुमार चौरसिया, सुरेन्द्र चौरसिया लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






