नेपाली काँग्रेस के १४ वां जिल्ला अधिवेशन मे यादव आ बुढाथोकी के प्रतिस्पर्धा
प्रभु यादव
बारा २८ फागुन
नेपाली कांग्रेस बारा के १४ वां जिल्ला अधिबेशन मे पहिलका चरण के चुनाव मे तिसरा स्थान प्राप्त करेवाला सभापति पद के उम्मेदवार रामानन्द यादव बाहर भईला से राजेश राय यादव आ शम्भु बुढाथोकी के सभापति उमेदवार मे कडा प्रतिस्पर्धा होई ।
रामानन्द यादव के समर्थक केन्द्रीय सहमामन्त्री उमाकान्त चौधरी आ रामानन्द यादव सभापति राजेश राय यादव के समर्थन जनावला के २४ घन्टा ना वितते प्यानल के बांकी उम्मेदवार सब शम्भु बहादुर बुढाथोकी के जितावेला मैदान मे लागे के जनकारी करावला वाद दुनु मे कडा प्रतिस्पर्धा होखेवाला देखल जारहल बा ।
कलैया मे राजेश राय यादव सुक के रात करिब ९ बजे करणराज पैलेस मे पत्रकार समेलन के आयोजना कर के यादव के समर्थ कईले बडन शनिचर के दिन बाकी लोग दरवार होटल मे पत्रकार सम्मेलन कर के सभापति पद के उम्मेदवार बुढाथोकी के समर्थन करे के घोषण कईले बा ।
शनिचर के होखेवाला चुनाव निर्वाचन अधिकृत सम्पर्क विहीन रहला से ना होखे सकल अब एतवार के करेला निर्णय कईले बा ।






