गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल के १४ कर्मचारी क्वारेन्टिन मे

सप्तरी १० सावन
अस्पताल मे भर्ना भईल एक जने मरेजी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल राजविराज के १४ जने कर्मचारीलोग के क्वारेन्टिन मे राखल गईल बा ।
मरेजी मे कोरोना संक्रमण देखल गईला के बाद शुक के दिन से सिल कईल अस्पताल के आकस्मिक कक्ष शनिचर के सबेरे से सुरु भईल बा ।
जहर पिके ईलाज के खातिर लियावल तिलाठी कोइलाडी गाँवपालिका–२ के ५० बरीस के पुरुष मे शुक के दिने संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
आकस्मिक कक्ष मे ईलाज हो रहल उनका मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद आकस्मिक कक्ष मे कार्यरत चिकित्सक, स्वास्थ्यकर्मी सहित १४ जने के क्वारेन्टिन मे राखल अस्पताल के निमित्त मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. रन्जित झा बतवनी ।
डा. झा के मुताविक उलोग सभी के राजविराजस्थित एक होटेल के क्वारेन्टिन मे राखल बा ।
शुक के सबेरे से ड्युटी मे खटल उलोग रात के क्वारेन्टिन कईला पर खुदसब के खाना भी ना देहल सिकाईत कईले बाडन ।
राजविराज–६ निवासी ७२ बरीस के बुढ के मृत्यु भईला के बाद उनकर दोकान मे काम करेवाला दु जने कामदार भी संक्रमित भईल पुष्टि भईल रहे । संक्रमित एक जने कामदार के मेहरारु भी संक्रमित भईल बाडि ।
उ गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल मे नर्स पद मे कार्यरत भईला के चलते अस्पताल के सभी चिकित्सक, स्वास्थ्यकर्मी के स्वाब संकलन करके जाँच कईला पर जहर पियल आदमी मे भी संक्रमण देखल गईल रहे ।






