नेकपा एकीकृत समाजवादी के अनेकन वार्ड मे बईठक, भेला आ कमिटी बिस्तार

वीरगंज २८ फागुन

नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी एकीकृत समाजबादी बीरगंज महानगर कमिटी संगठन निर्माण अभियान के तेजी देहले बा ।

पार्टी के बीरगंज महानगर भितर के जिल्ला कमिटी सदस्यलोग के बईठक होटेल कुमु प्यालेस मे पुरा भईल बा । बीरगंज महानगर कमिटी के अध्यक्ष मनोज चौधरी के अध्यक्षता मे भईल बईठक से बैशाख ३० गते होखेवाला स्थानीय निर्वाचन के मध्य नजर करत व्यापक निर्वाचन अभियान संचालन करेके निर्णय कईल उपाध्यक्ष मन्जुर आलम बतवनी ।

बईठक से महानगर के ३२ गो वार्ड मे अनेकन जन संगठन के कमिटीसब चईत १० गते भितर मे गठन करेके निर्णय भी कईले बा । एहितरे बीरगंज के वार्ड नम्बर १७ अलौ मे पार्टी के वार्ड भेला एवं होलि मिलन समारोह पुरा भईल बा ।

पार्टी के वार्ड कमिटी अध्यक्ष रमेश चौधरी के अध्यक्षता मे आयोजना कईल समारोह मे उल्लेख्य वार्डबासीलोग के सहभागिता रहल रहे । एहितरे बीरगंज वार्ड नं. २१ परवानिपुर मे पार्टी निकट के अनेमा संघ समाजबादी के भेला पुरा भईल बा । पुरा भईल भेला से धर्मशिला कुशवाहा के अध्यक्षता मे १५१ सदस्यीय वार्ड कमिटी गठन कईल राजमहम्द अन्सारी बतवनी ।

कर्जक्रम मे पार्टी के पोलिट ब्युरो सदस्य एवं जिल्ला इन्चार्ज रामचन्द्र साह, पोलिट ब्युरो सदस्य एवं बीरगंज महानगर इन्चार्ज चिरञ्जीवी आचार्य, बीरगंज महानगर सचिव बृजलाल पसवान, पार्टी के मधेस प्रदेश सदस्यलोग बृज प्रसाद यादव, मनोज शर्मा लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।