बीरगंज मे अटो आ ई–रिक्सा लथेर भईल

अजय कुमार चौरसिया

वीरगंज २९ पुस

बीरगंज माहानगरपलिका भितर चलेवाला ई–रिक्सा तथा टेम्पोसब बीरगंज माहानगरपलिका से महानगर के नम्बर बिना हि यातायात संचालन हो रहल बा ।

बीरगंज महानगरपालिका भितर भाडा मे चलेवाला हरेक सवारी साधनसब तोकल शुल्क तिर के रुट इजाजत पत्र लेवेके व्यवस्ता बा माकिर एकर पालना होखे नइखे सकल । महानगरपालिका के रुट इजाजत पत्र बिना हि सर्वजनिक सवारी सधन चलावे ना मिली कहके महानगर के २०७६ के कानुन व्यस्था भईला पर भी निफिकिर होके नियम बिपरित सवारी साधन चल रहल बा ।

बीरगंज माहानगरपालिका भितर के नागरिकलोग हरेक दिन सडक जाम आ बेसी भाडा तिरेमे बाध्य हो रहल बाडन । माहनगपलिका से नगर मे रुट निर्धारण ना कईल, भाडा निरधरन ना कईल, पर्किङ्ग के व्यवस्था ना कईल, सिट निर्धारण ना कईल, लाइसेन्स, पर्मिट, तथा जांच पास ना हो रहला से महानगरापालिका खुदे बनावल नियम कानुन पालना ना हो रहल प्रष्ट होता । नियम कानुन पूर्ण रुपमे पालना ना भईला के चलते बजार मे हरेक दिन ट्राफिक जाम के समस्या भईल बा ।

बीरगंज मे नियम बिपरित आ अनाधिकृतरुप मे चलत आईल ई–रिक्सा, टेम्पू, तथा अटो के चलते बीरगंज के शुन्दरता लोप होत गईल बा । रुट के निर्धारण ना भईला पर हरेक दिन घण्टो तक जाम मे रहेके पडल स्थानीयलोग के सिकाईत बा ।

बीरगंज के घण्टाघर से नारायणी अस्पताल तक के रास्ता मे हरेक दिन जाम के समस्या भोगेके पड रहल आ व्यवस्थित पर्किङ्ग ना भईला से रोड मे हि पार्किङ्ग हो रहला के चलते वीरगंज कुरुप भईल बा ।

नो पर्किङ्ग लिखल बोर्ड अगाडी हि अटो, ई–रिक्सा पर्किङ्ग करके निति नियम के खुल्लेयाम धज्जी उडा रहल बाडन । बीरगंज महानगरपालिका के चलनी पत्र नम्बर ३४१५÷०७६÷०७७ के निर्णय मुताविक बीरगंज क्षेत्र भितर संचालन मे रहल तिनपङ्रे सवारी साधनसब के बीरगंज महानगरपालिका के कर्यालय से दर्ता काम के प्रारम्भ भईल जानकारी भईला पर भी सम्बन्धित सवारी धनीलोग ढिला सुस्ती कईला से ई महनगरपालिका के निर्णय मुताविक सभी ई रिक्सा, अटो रिक्सा, तथा टेम्पू के अनिवार्य दर्ता करावेके निर्णय भईल बा ।

जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कर्यलय आ नगर प्रहरी के संयुक्त चेकजाच कईला पर महानगरपालिका मे दर्ता ना कईल सवारी साधनसब के नियमनुसार जरिवान करके दर्ता प्रक्रिया मे लेजाएके बेहोरा जानकारी करईला पर भी अभी तक कउनो काम कारवाही होखे नइखे सकल ।

महानगरपालिका से दर्ता नम्बर प्राप्त ना कईल सभी तीन पाङ्गे सवरी साधन के पकड के प्रचलित कनुन मुताविक कारवाही करके दर्ता प्रक्रिया के खातिर ई महानगरपालिका के कर्यलय मे पठाके सहजोग करेके देहल पत्र मे अभी तक ट्राफिक पुलीस कर्यलय पर्सा मौन रहल बा । महानगर आ ट्राफिक पुलीस लाचार

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।