देश मे समप्रदायिक भडका के कुछ लोग आपन स्वार्थ सिद्ध करे लागल बाडन : अध्यक्ष ओली

प्रभु यादव

बारा २८ फागुन

देश मे सामप्रदायिक भडकाव के कुछ लोग आपन स्वार्थ सिद्ध करेमे लागल बाडन ।

बारा के आदर्शकोतवाल गाँवपालिका स्थित रामचरित्र भगत माध्यमिक विद्यालय परिसर चिउटहा मे नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी एमाले के केन्द्रीय अध्यक्ष केपी शर्मा ओली पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे बोतल अईसन बतवले बानी । देश के सभे एक होकर के बना सकल जाता माकिर समप्रदायिकता से ना बना सकल जाता अध्यक्ष ओली बतावले बानी ।

मधेश के मुद्दा राख के पईसा कमावेला ना काम कईले बा एमाले नेपाल के पूर्व से पश्चिम तक के पार्टी भईल अध्यक्ष ओली जनकारी करावले बानी । आपने सरकार मे रहल समय मे नागरिकता के सम्बन्ध मे वंशज नागरिकता देवेला कईल निर्णय के अभि संसद ओझेल मे राखले बा अध्यक्ष ओली बतावले रहनी ।

हमनी कुछ दिन जनमत जनादेश से ना, परमादेश से हमनी पछाडि परल रहनी, अब के उत्साहपूर्ण नेकपा एमाले प्रवेश के राष्ट्रिय लहर से सत्ता के दौड मे सजिलो से जितेके हैसियत प्रदान कईल बतवनी ।

एमाले के सरकार बुढपुरानीया लोग के समाजिक सुरक्षा भता एक सय से सुरू कर के चार हजार पुगवले बानी अब पाँच हजार देवे के सोच रहल अध्यक्ष शर्मा जनकारी करावले बानी ।

बृहत् आमसभा आ पार्टी प्रवेश कार्जक्रम पार्टी के बारा अध्यक्ष विनोद साह के सभापतित्व मे भईल रहे जवना मे मधेश प्रदेश के पार्टी ईन्चार्ज रघुविर महासेठ, सहइन्चार्ज आ केन्द्रीय सदस्य प्रभु साह, अचुत मैनाली, पुरूषोतम पौडेल लगायत स्थानिय नेता कर्यकर्ता के सहभागिता रहल रहे ।

आदर्शकोतवाल गाँवपालिका के अध्यक्ष मुस्तुफा अंसारी जसपा छोड के, कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ९ के वार्ड अध्यक्ष डाक्टर अख्तर अंसारी लोसपा छोड के, महागढीमाई नगरपालिका के वार्ड नम्वर ९ के वार्ड अध्यक्ष पिन्टु मिश्रा, राकेश यादव आ हसंजान अंसारी माओवादी केन्द्र छोड के हजारो नेता कार्यकर्ता नेकपा एमाले मे समाहित भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।