पेट्रोलियम पदार्थ के ढुवानी तथा बिक्री वितरण सहज बनावल जाई : मन्त्री रिजाल

वीरगंज ०२ भादो
उद्योग, वाणिज्य तथा आपूर्तिमन्त्री रमेश रिजाल पेट्रोलियम पदार्थ के ढुवानी तथा बिक्री वितरण व्यवस्थित आ सहज बनावेवाला किसिम से काम अगाडि बढावल बतवले बानी ।
नेपाल आयल निगम वीरगंज शाखा आजु से फेनु सञ्चालन कईल पेट्रोलियम पदार्थ बिक्री वितरण बिलिङ काम के उद्घाटन करत मन्त्री रिजाल पेट्रोलियम पदार्थ के चुहावट नियन्त्रण करेके उल्लेख करत बिक्री वितरण के भी सहज बनावेके बतवनी ।
मोतिहारी–अमलेखगञ्ज पेट्रोलियम पाइपलाइन के काम अन्तिम चरण मे पुगला से अब पेट्रोलियम पदार्थ के आपूर्ति सहज आ व्यवस्थित होखेके उल्लेख करत उ पेट्रोलियम पदार्थ मे होखेवाला चुहावट नियन्त्रण के खातिर ट्याङ्कर मे ‘टैंकट्रक लकिङ’ लगावेके काम भी सुरु हो चुकल जानकारी देहनी । पेट्रोलियम पदार्थ के ढुवानी सहज भईला सँगे बिक्री वितरण के बिलिङ के सहज बनावे खातिर आयल निगम के शाखा से बिलिङ देवेके काम के सुरुआत भइला से अब बिलिङ के खातिर अमलेखगञ्ज दउडेके अवस्था के अन्त्य होखेके मन्त्री रिजाल दाबी कईनी ।वीरगंज से पेट्रोलियम पदार्थ के बिलिङ सुरु भईला सँगे पर्सा, बारा, रौतहट लगायत के जिल्ला के ढुवानी व्यवसायी के सहज होखेके उल्लेख करत उ एकरा से चुहावट नियन्त्रण मे भी सहजोग पुगेके बतवनी । उ अवसर मे मन्त्री रिजाल बिलिङ काउन्टर से काटल पहिलका बिलिङ ढुवानीकर्ता के प्रदान करके उ काम के उद्घाटन कईनी ।
निगम के वीरगंज शाखा से पेट्रोलियम पदार्थ के बिलिङ होत अईला मे २०७७ माघ से बन्द भईल रहे । अभी तत्काल के खातिर वीरगंज शाखा से डिजेल के बिलिङ करेके आ पेट्रोल तथा मट्टीतेल के प्रादेशिक कार्यालय अमलेखगञ्ज से होखेके व्यवस्था मिलावल गईल निगम के वीरगंज शाखा के प्रमुख मनोज कुमार जानकारी देहनी ।
वीरगंज से बिलिङ सुरु कईला पर ढुवानी व्यवसायी के सहज होखेके आ ढुवानी खर्च भी कम लागला पर कुछ मूल्य भी घटेके भईला से इहाँ के भी फेनु बिलिङ सुरु कईल नेपाल आयल निगम मधेस प्रादेशिक कार्यालय अमलेखगञ्ज, बारा के प्रमुख विनितमणि उपाध्याय बतवनी । एकरा से पहिले शुक के दिने नेपाल आयल निगम मधेस प्रादेशिक कार्यालय दुसरका चरण के टैंकट्रक लकिङ सुरु कईले रहे ।






