नेता शिव पटेलद्धारा नेकपा एमाले मे प्रवेश करेके घोषणा

वीरगंज २९ फागुन

लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी के नेता शिव पटेल नेकपा एमाले मे प्रवेश करेके घोषणा कईले बानी । नेकपा एमाले बहुदरमाइ नगर कमिटि से आयोजना कईल नगरस्तरीय कार्यकर्ता भेला तथा प्रतिबद्धता कार्जक्रम मे नेता पटेल लोसपा छोडके एमाले प्रवेश कईल घोषणा कईले बाडन ।

उ एमाले से नगरप्रमुख के दाबेदारी सहित स्थानीय चुनाव लडेके तईयारी कईले बाडन । तीन दशक से मधेस के हक अधिकार के खातिर लडत आईल पटेल केपी शर्मा ओली से भेट कईला के बाद आजु प्रवेश करेके घोषणा कईले बानी । चईत ८ गते वीरगंज मे फेनु केपी ओली के उपस्थिति मे होखेवाला आमसभा तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे उ एमाले प्रवेश करेके बतवनी ।

कार्जक्रम मे नेता पटेल बितल चार महिना से नेकपा एमाले पार्टी से हमर दिल जुड चुकल आपन सम्बोधन मे कहनी । बितल ३० बरीस से मधेशी पार्टी मे आबद्ध नेता शिव पटेल आजु से नेकपा एमाले मे प्रवेश कईल प्रतिवद्धता जाहेर कईले बानी । एहितरे बहुदरमाई नगरपालिका रामनगरी के पूर्व शिक्षक मुखदेव साह कानु नेपाली कांग्रेस पार्टी परित्याग करके सयो कार्यकर्ता सँगे आजु नेकपा एमाले मे प्रवेश कईले बाडन । पार्टी प्रवेश कईल कार्यकर्तालोग के विशिष्ठ अतिथि राजकुमार गुप्ता टिका आ गामछा ओढा के सम्मान कईले रहलन ।

उ कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि नेकपा एमाले के केन्द्रीय सदस्य तथा पर्सा जिल्ला ईन्चार्ज प्रभु हजरा, विशिष्ट अतिथि केन्द्रीय सदस्य राजकुमार गुप्ता, निर्मला देवकोटा, प्रदेश कमिटि सदस्य जयप्रकाश थारु, विचारी यादव, शम्भु गुप्ता, संजीव मिश्रा, जिल्ला उपाध्यक्ष डा विश्वम्भर शर्मा, जिल्ला सचिव तथा छिपहरमाई गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज गुप्ता, महानगर कमिटी सचिव सुन्दर कुर्मी, नेकपा एमाले नेता तथा जगरनाथपुर गापा अध्यक्ष जालिम मियाँ लगायत हजारो नेता तथा कार्यकर्तालोग के उपस्थिति रहल रहे ।

बहुदरमाई नगर कमिटी के अध्यक्ष प्रमोद कुशवाहा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे स्वागत मन्तव्य पुरन पटेल रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।