पोखरिया अस्पताल मे शल्य चिकित्सा कक्ष आ सघन चिकित्सा कक्ष के उदघाटन

पोखरिया ०१ चईत

पर्सा के दुसरका सदरमुकाम के रुप मे रहल पोखरिया अस्पताल मे शल्य चिकित्सा कक्ष आ सघन चिकित्सा कक्ष के आजु एगो कार्जक्रम के बीच उदघाटन भईल बा ।

पोखरिया अस्पताल मे शल्य चिकित्सा कक्ष आ सघन कक्ष के एक प्रमुख अतिथि नेपाल उधोग बाणिज्य महासंघ के बरिष्ठ उपाध्यक्ष चन्द्रप्रसाद ढकाल आ पोखरिया नगरपालिका के नगरप्रमुख दिपनारायण रौनियार संयुक्त रुप मे उदघाटन कईले बानी ।

वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के सहजोग आ नगरप्रमुख दिपनारायण रौनियार के पहल मे २५ लाख के लागत मे निर्माण भईल पोखरिया अस्पताल मे शल्य चिकित्सा कक्ष के उदघाटन भईल बा । नेपाल उद्योग वाणिज्य महासंघ के वरिष्ठ उपाध्यक्ष ढकाल उदघाटन करत शल्य चिकित्सा आ सघन उपचार कक्ष से जनतालोग के बहुते हि सहजोग पुगेके बतवनी ।

ई क्षेत्र के जनता ई समबन्धी अप्रेसन आ ईलाज करावे खातिर बाहर गईला पर लाखो खर्च करेके पर रहला से अब अपने गाँव ठाँव मे करईला पर लाखो रोपेया के बचत होखेके बरिष्ठ उपाध्यक्ष ढकाल बतवनी । कोरोना माहामारी के समय मे पोखरिया नगरप्रमुख के समन्व मे स्वास्थ्य समाान भी सहजोग कईल नेपाल उधोग बाणिज्य महासंघ अभी भी करता आ आवेवाला दिन मे भी सहजोग करेके प्रतिबद्धता कईले रहनी ।

नेपाल उधोग बाणिज्य महासंघ आपन लगानी मे स्वास्थ्य, शिक्षा मे लगानी करी नेपाल सरकार के लगानी के भर मे ना रही महासंघ समाज के सेवा मे लागल बा ।

कार्जक्रम मे पोखरिया नगरप्रमुख दिपनारायण रौनियार पोखरिया अस्पताल मे तत्काल के खातिर फार्मेसी, गर्भवती जाँच सेवा, डिलेभरी सेवा, भिडियो एक्सरे, डिजिटल एक्सरे, ल्याब सेवा, ओपिडि सेवा, नेबुलाइजर आ २४ से घन्टा ईमेर्जेन्सी सेवा, एमबुलेन्स लगायत के सेवा प्रवाह हो रहल अस्पताल मे आजु से शल्य चिकित्सा कक्ष आ सघन चिकित्सा कक्ष संचालन मे अईला के बाद अब डिलेभरी करावे खातिर अप्रेसन करेके परला पर सहज रुप मे इहाँ सेवा देवेके नगर प्रमुख रौनियार बतवनी ।

अस्पताल मे चिकित्सक संगे पोखरिया नगरबासी लगायत आवेवाला सभी नागरिक के ईलाज करावेके तथा परामर्श भी देवेके ब्यवस्था कईल उ बतवनी ।

‘निजी अस्पताल मे ईलाज मे लागेवाला खर्च आम सर्वसाधारण तिरे ना सकेलन । गरिब, विपन्न के ईलाज करेवाला जगहा कहल पोखरिया अस्पताल हि ह’ कहत उ ओकरा के मध्यनजर करके बाल उपचार कक्ष बनावल गईल बा, भविष्य मे जटिल अवस्था के बेमार लईकालइकी अईला पर भी ईलाज के खातिर निजी अस्पताल ना जाएके पडि कहके विश्वास लेहले बानी कहनी ।

कार्जक्रम मे नेपाल उधोग बाणिज्य महासंघ के उपाध्यक्ष उमेस लाल श्रेष्ठ, प्रमुख जिल्ला अधिकारी उमेश ढकाल, पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक रमेश बस्नेत, बीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ पर्सा के अध्यक्ष सुबोध कुमार गुप्ता, एहितरे सुमन फुयाल, पोखरिया नगरपालिका के उपमेयर सलमा खÞातून, संविधान सभासदस्य प्रधुमन चौहान, नेता नेजामुदिन समानी, डाक्टर संजय गुप्ता लगायत स्थानीयलोग के सहभागीता रहल रहे ।

कार्जक्रम के संचालन बीरगंज उधोग बाणिज्य संघ पर्सा के अधिकृत मनोज उपाध्याय कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।