वीरगंज–१७ अलौं मे १६ शैया के अस्पताल शिलान्यास

वीरगंज ०२ सावन,

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १७ अलौँ मे १६ शैया के अस्पताल निर्माण के खातिर भवन के शिलान्यास कईल बा ।
महानगर के मेयर राजेशमान सिंह के विशेष उपस्थिति मे वार्ड अध्यक्ष सन्जिब बहादुर क्षेत्री मंगर के दिने अस्पताल के शिलान्याश कईले बानी ।

महानगर स्वास्थ्य क्षेत्र सुधार के खातिर काम कर रहल कहत उ मुताविक ग्रामिण क्षेत्र मे परेवाला वार्ड नम्बर १७ अलौं अस्पताल बनावे लागल मेयर सिंह बतवनी ।

ग्रामिण वार्ड मे इहे आर्थिक बरीस से विशेषज्ञ सहित के ईलाज सेवा देहल सुरु करेके कहत उ ओकरा खातिर चिकित्सक तथा स्वास्थ्यकर्मी भर्ना अन्तिम चरण मे पुगल बतवनी ।

वार्ड नम्बर १७ मे सामान्य सेवा प्रदान कर रहल स्वास्थ्य चौकी रहला मे ईहे बरीस भितर निर्माण पुरा होखेवाला किसिम से अस्पताल बनावेके काम सुरु कईल बा ।

१ करोड २० लाख रोपेया के लागत मे १ बरीस भितर निर्माण पुरा करेवाला किसिम से काम हो रहल वार्ड अध्यक्ष क्षेत्री बतवनी । उ अस्पताल मे विशेषज्ञ चिकित्सक, नर्स सहित के सुविधासम्पन्न सेवा उपलब्ध होखेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।