वीरगंज–१४ के वार्ड अध्यक्ष आ सचिव सहित ६ जने विरुद्ध भ्रष्टाचार मुद्दा

काठमाण्डु २ चईत

अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका–१४ के वार्ड अध्यक्ष भरतप्रसाद कुर्मी आ वार्ड सचिव राज कुमार सिंहसहित ६ जने विरुद्ध भ्रष्टाचार कईल आरोप मे विशेष अदालत काठमाण्डु मे मुद्दा दायर कईले बा ।

घर रास्ता से सिफारिस, चौहद्दी सिफारिस लगायत के आउर सिफारिस वापत के राजस्व रकम के रसिद ना काटके, जथाभावी दर्ता चलानी राख के चलानी किताब मे कउनो राजस्व रकम चलानी ना राख के राजश्व रकम हिनामिना कईल आरोप मे कुर्मीसहित महानगर के वार्ड सचिव राज कुमार सिंह, तत्कालीन वार्ड सचिव अनामिका रौनियार, वार्ड सदस्यद्वय रफिक अंसारी, संजय कुमार पटेल आ कार्यालय सहजोगी जितेन्द्र कुमार कुर्मी विरुद्ध अख्तियार बुध के दिने मुद्दा दायर कईले बा ।

उलोग विरुद्ध १ लाख २ हजार ५८५ रोपेया मागदावी लेके विशेष अदालत मे मुद्दा दायर कईल अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग जनवले बा । आयोग के प्रवक्ता श्याम प्रसाद भण्डारी के मुताविक उलोग विरुद्ध अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग ऐन २०४८ के दफा १८ आ ३५ एवं भ्रष्टाचार निवारण ऐन २०५९ के दफा ३६ बमोजिम विशेष अदालत मे आरोप पत्र दायर कईल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।