बारा मे ६० प्रतिशत धान रोपाइँ

बारा ०८ सावन

बारा जिल्ला मे बर्खे धान ६० प्रतिशत मात्र रोपाइँ भईल बा । लम्हर समय तक पानी ना परला के बाद इहाँ के किसान भूमिगत सिँचाइ के माध्यम से रोपाइँ कईल जिल्लास्थित कृषि ज्ञान केन्द्र जनवले बा ।

आकाशे पानी ना परला के बाद किसान भूमिगत सिँचाइ के माध्यम से ६० प्रतिशत रोपाइँ कईल केन्द्र के प्रमुख जितेन्द्र यादव जानकारी देहनी । उनका मुताविक ई बरीस कृषक से बर्खे धान ‘भदैया’ १० हजार ९ सय पाँच हेक्टर, ‘अगहनी’ ३४ हजार एक सय १५ हेक्टर करके कुल ४६ हजार २० हेक्टर क्षेत्रफल मे रोपाइँ करेके लक्ष्य लेहला मे अभी तक तीन हजार सात सय ६१ हेक्टर क्षेत्रफल मे मात्र रोपाइँ भईल बा ।

जिल्ला के उत्तरी भाग मे खास करके रोपाई हो चुकल बा आ दक्षिण भेग मे रोपाइँ होखेके बाकी रहल यादव बतवनी । उनका मुताविक पानी ना परला पर भी किसान भूमिगत सिँचाइ करके रोपाइँ कर रहल बाडन । आउर जगहा मे भी पानी ना भईला से रोपाइँ मे समस्या हो रहल केन्द्र जनवले बा ।

बितल बरीस किसान बर्खे अगहनी धान ३४ हजार सय १५ आ भदैया ११ हजार ९ सय पाँच हेक्टर क्षेत्रफल मे खेती कईल केन्द्र के बाली अधिकृत गेनालाल प्रसाद जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।