मधेस प्रदेश ः २१ हजार म्यादी पुलीस के माग, दु दिन मे १० हजार आवेदन

जनकपुरधाम ७ चईत
आसन्न बैशाख ३० गते होखेवाला स्थानीय तह के निर्वाचन के खातिर मधेस प्रदेश मे २१ हजार से बेसी म्यादी प्रहरी भर्ना कईल जा रहल बा । स्थानीय तह के निर्वाचन के खातिर प्रहरी प्रधान कार्यालय १ लाख म्यादी प्रहरी माग कईला मे मधेश प्रदेश मे २१ हजार ६ सय ९८ जने के माग कईल मधेश प्रदेश प्रहरी कार्यालय के प्रवक्ता प्रहरी उपरीक्षक तुल बहादुर कार्की जानकारी देहनी ।
स्थानीय तह के निर्वाचन के खातिर मधेश प्रदेश के ३ गो जिल्ला मे ३ हजार से बेसी म्यादी पुलीस के भर्ना कईल जा रहल बा ।
धनुषा मे सबसे बेसी ३ हजार ४८६ म्यादी प्रहरी भर्ना कईल जा रहल बा । एहितरे सप्तरी मे ३ हजार १३९, सर्लाही मे ३ हजार ८८, महोत्तरी मे २ हजार ७३६, रौतहट २ हजार ५८९, बारा २ हजार ५२८, सिरहा मे २ हजार ३३१ आ पर्सा मे १ हजार ८ सय १ जने म्यादी भर्ना करेके प्रदेश प्रहरी कार्यालय जनकपुर जनवले बा ।
म्यादी प्रहरी भर्ना के खातिर आह्वान कईल विज्ञापन मे पहिलका आ दुसरका दिन मात्र आठ गो जिल्ला से करिब १० हजार दरखास्त परल बा । म्यादी पुलीस के ४० दिन के जागिर के खातिर चईत ११ गते तक दरखास्त देवेके समय निर्धारण कईल बा ।





