बिल बिजक से अलग सामान लादल आशंका मे भारतीय ट्रक नियन्त्रण मे

वीरगंज ०७ चईत

बिल बिजक से फरक मालसामान लादल आशंका मे सशस्त्र प्रहरी वीरगंज से एगो भारतीय ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा । एतवार के रात पौने ९ बजे वीरगंज महानगरपालिका–२५ अलौं–वीरगंज सडकखण्ड से ट्रक नियन्त्रण मे लेहल गईल बा ।

एकीकृत भन्सार जाँच चौकी (आईसीपी) से वीरगंज ओरी आ रहल भारतीय नम्बर १५ एक्स एक्स ९९५९ के ट्रक नियन्त्रण मे लेहल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।

सशस्त्र प्रहरी बल, नेपाल नं. १३ गण हे.क्वा पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक निर्मल कुमार थापा के मुताविक ट्रक मे बिल बिजक मे उल्लेख कईल से अलग सामान रहल सूचना सशस्त्र प्रहरी समक्ष आईल रहे ।

प्रज्ञापनपत्र मे आल्मुनियम कन्टेनर आ वासिङ एण्ड क्लिनिङ इक्युपमेन्ट उल्लेख कईला पर भी फरक समान राखल सूचना के आधार मे सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक देवेन्द्र रोका नेतृत्व के टोली समान सहित ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा ।

‘सूचना के आधार मे ट्रक नियन्त्रण मे लेहल गईल बा, हमनी ट्रक मे का समान रहे ना देखनी,’ प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा कहनी, ‘एकर बारे मे अनुसन्धान करेवाला निकाय राजश्व अनुसन्धान कार्यालय ह, ओनही पठावल जाला ।’ जरुरी अनुसन्धान तथा कारबाही के खातिर राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया बारा मे बुझावल गईल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।