वीरगंज के व्यवसायी राजश्व अनुसन्धान विभाग के महानिर्देशक से भेट कईलें

वीरगंज ०७ चईत

वीरगंज के उद्योगी व्यवसायी राजस्व अनुसन्धान विभाग के महानिर्देशक प्रकाश पौडेल सँगे भेटघाट कईले बाडन । वीरगंज उद्योग वाणिज्य सङ्घ के अध्यक्ष सुबोधकुमार गुप्ता नेतृत्व के टोली पौडेल से भेट कईले बाडन ।

भेट के समय मे वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष गुप्ता ३५ करोड से बेसी के कारोबार करेवाला व्यवसायीलोग के इन्टिग्रेशन सफ्टवेयर मे इन्ट्री कईला के बाद भन्सार कार्यालय, आन्तरिक राजस्व विभाग आ राजस्व अनुसन्धान विभाग तीन गो निकाय मे सूचना प्रवाह होखेके व्यवस्था मिलावे खातिर निहोरा कईनी ।

कारोबार के सिलसिला मे भईल गलती के चलते होखेवाला अपराध मे आउर अपराधिक क्रियाकलाप मे जईसन थुनछेक ना करके वित्तीय अपराध सरह के सजाय होखेके, उपत्यका मे जईसन मुख्य व्यापारिक शहरसब मे मालवाहक सवारी साधन के राजस्व अनुसन्धान विभाग मात्र चेकजाँच करेके व्यवस्था मिलावे खातिर माग कईनी ।

भीसीटीएस भरला पर भा ओकरा से सम्बन्धित गलती भईला मे करेवाला जरिवाना न्यून होखेके, भीसीटीएस के बारे मे विभाग से समय समय मे कार्यशाला गोष्ठी के आयोजना होखेके, सानातिना व्यवसाय के हक मे भीसीटीएस भरेके बाध्यात्मक व्यवस्था के हटावेके, सरकारी कार्यालयसब बीच आपसी समन्वय आ सहकार्य के कमी मे व्यवसायीलोग अनेकन झण्झट आ जटिलता सहेके परला से अन्तर सरकारी निकायसब बीच समन्वय होखेके व्यवसायी के टोली जोड देहले बाडन ।

राजश्व अनुसन्धान विभाग के महानिर्देशक प्रकाश पौडेल वीरगंज उवासङ्घ से प्रस्तुत सुझाव के सकारात्मक रुप मे लेहल बतवले बाडन । उ राजश्व अनुसन्धान सम्बन्धी नीतिगत एवं व्यवहारिक समस्या के समय सापेक्ष समाधान करत जाएके आश्वासन देहनी । उद्योगी व्यवसायीलोग के भीसीटीएस के बारे मे जानकारी दिलावे खातिर मोफसल मे तालिम सञ्चालन करेके आश्वासन उ देहले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।