मानव सेवा आश्रम वीरगंज शाखा भवन के शिलान्यास

वीरगंज ११ चईत

१८ करोड के लागत मे बनेवाला मानव सेवा आश्रम वीरगंज शाखा के भवन के आजु शिलान्यास कईल बा । मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी, सांसद प्रदीप यादव आ वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी संयुक्त रुप मे शुक के दिने शिलान्यास कईले बाडन । शिलान्यास करे से पहिले आयोजना कईल औपचारिक कार्जक्रम मे बोलत मुख्यमन्त्री गद्दी जमिन ना भईला से भवन के खातिर रोपेया छुटिअईला पर भी खर्च करे ना मिलल बतवनी । ‘आश्रम के खातिर ३० लाख रोपेया छुट्यावल गईल रहे, जमिन ना भईला से देवे ना सकल गईल,’ कहत उ, ‘भवन निर्माण करे खातिर, सञ्चालन करेमे केतना खर्च लागी, प्रदेश सरकार कईसन सहजोग करेके पडि ओकरा खातिर तइयार बानी ।’ वीरगंज के नारायणी अस्पताल, नारायणी रंगशाला जईसन संरचना सामुदायिक सहजोग से बनल बतावत उ मानव सेवा आश्रम के भवन बनावे खातिर रोपेया के कमी ना होखेके बतवनी । सांसद यादव आवेवाला बजेट से मानव सेवा आश्रम भवन के खासितर बजेट छुट्यावेके बतवनी । महानगर प्रमुख सरावगी सडक मे अलपत्र बेसहारा मानवसब के व्यवस्थापन तीनु तह के दायित्व भईल बतवनी । उ प्रदेश सरकार महानगर के देवेवाला १० करोड आश्रम के खातिर हि देवे खातिर मुख्यमन्त्री से निहोरा कईनी । तीन बरीस भितर निर्माण पुरा करेवाला किसिम से भवन बनावे लागल मानव सेवा आश्रम जनवले बा । रेम्ड अर्थ प्रविधि से भवन बनावेके तईयारी कईल बा । गर्मी मे ठण्डी आ जाडा मे गर्मी होखेवाला भईला से रेम्ड अर्थ प्रविधि से भवन बनावे लागल आश्रम के संस्थापक अध्यक्ष रामजी अधिकारी जानकारी देहनी । श्रृंखला खतिवडा से सञ्चालन कईल गाथा भवन के डिजाइन कईले रहे । मानव सेवा आश्रम शाखा के खातिर १८ कठ्ठा जमिन आ २५ लाख रोपेया भी देहल गईल रहे । १४ कठ्ठा जमिन मे भान्छा घर, तालिम हल, सहयोगापेक्षी के राखेवाला कोठरीसब, देखभाल मे खटेवाला के खातिर आवास आ आश्रम मे आवेवाला पाहुना के खातिर अतिथि गृह भी बनावेके उलोग बतवले बाडन । मानव सेवा आश्रम के १३ जिल्ला मे आपन भवन बनल बा । मानव सेवा आश्रम वि.सं. २०८० भितर मे आश्रम शाखासब के भवन बनावेके, वि.सं.२०८१ तक जनचेतना फईलावे के आ वि.सं. २०८२ बैशाख १ गते औपचारिक रुप मे सडक मानवमुक्त नेपाल घोषणा करेके लक्ष्य लेहले बा ।

०७४ जेठ १५ गते स्थापना भईल मानव सेवा आश्रम वीरगंज शाखा मे ६ जने लईकालइकी सहित ६२ जने आश्रित बाडन । सडक मे अलपत्र परल बेसाहारा सहयोगापेक्षी आदमी के आश्रम गाँस, बास आ कपास सँगे दवाबिरो के व्यवस्था कईला के साथे पारिवारिक पुनर्मिलन करावत आईल मानव सेवा आश्रम के संरक्षक प्रकाश थारु जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।