आधा दर्जन पत्रकार के आफन्तलोग के मृत्यु, समाजवादी प्रेस संगठन पर्साद्वारा श्रद्धाञ्जली अर्पण

वीरगंज ११ चईत

वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नं. १६ नगवा निवासी समाजवादी प्रेस संगठन पर्सा के उपाध्यक्ष प्रकृति अधिकारी के बडका बाबु के मृत्यु भईल बा ।

रेडियो वीरगंज मे कार्यरत संचारकर्मी अधिकारी के ५० बरीस के बडका बाबु कमलेश्वर अधिकारी के बियफे के रात असमायिक निधन भईल समाजवादी प्रेस सगठन पर्सा शोक वक्तव्य जारी करत श्रद्धाञ्जली अर्पण कईले बा ।

संगठन पर्सा के अध्यक्ष मनोज पटेलद्वारा हस्ताक्षरित शोक वक्तव्य मार्फत स्वर्गिय बाबु के निधन उपर दुःख व्यक्त करत हार्दिक श्रद्धाञ्जली अर्पण कईला के साथे उनकर दिवंगत आत्मा के चिर शान्ति के कामना करत शोक सन्तप्त परिवारजन मे ईश्वर धैर्य धारण करेके शक्ति देस कहत गहिरो समवेदना प्रकट कईले बा ।

एहितरे बारा के परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ छोटका नौतन निवासी हिमालयन टेलिभिन पर्सा के संवाददाता प्रणय साह के ईया ८० बरीस के राधिका देवी कनुईन के चईत १० गते बियफे के रात असामयिक निधन भईल संगठन जनवले बा ।

एहितरे सर्लाही के कविलासी नगरपालिका वार्ड नं. ७ गैरबजार अभी वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १ छपकैया निवासी नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के साधारण सदस्य एवं प्रतीक दैनिक मे कार्यरत पत्रकार नितेश कर्ण के ४८ बरीस के सुनिता देवी कर्ण के चईत ९ गते बुध के सबेरे निधन भईल संगठन जनवले बा । एहितरे बारा के बरागढी गाँवपालिका वार्ड नं.१ पिपरा बसतपुर (पिपरा) निवासी नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सह–सचिव एवं ग्यालेक्सी टेलिभिजन के पर्सा संवाददाता जियालाल साह के बाबु ५६ बरीस के लक्ष्मण साह कानु के चईत २ गते असामयिक निधन भईल संगठन जनवले बा ।

एहितरे वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नं. १६ बाईपास गणेश टोल निवासी समाजवादी प्रेस संगठन नेपाल पर्सा के सलाहकार संजय साह के मामतामयी माई ८७ बरीस के पार्वती देवी के फागुन ९ गते निधन भईल रहे ।एहितरे, वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नं. १५ लक्ष्मुणवा निवासी राष्ट्रिय दलित पत्रकार संघ पर्सा के अध्यक्ष एवम् समाजवादी प्रेस संगठन नेपाल पर्सा के सदस्य श्याम पासवान के मामतामयी माई ६५ बरीस के लक्ष्मी देवी के फागुन २० गते निधन भईल रहे ।

स्वर्गीय छ जने के निधन उपर समाजवादी प्रेस संगठन नेपाल पर्सा दुःख व्यक्त करत हार्दिक श्रद्धाञ्जली अर्पण कईला के साथे उलोग के दिवंगत आत्मा के चिर शान्ति के कामना करत शोक सन्तप्त परिवारजन मे ईश्वर धैर्य धारण करेके शक्ति प्रदान करस कहत गहिरो समवेदना प्रकट कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।