मिडिया काउन्सिल मधेश प्रदेश के कार्जक्रम उपर ३ पत्रकार संगठन के आपत्ति

वीरगंज ११ चईत

मिडिया काउन्सिल मधेस प्रदेश से आयोजना कईल “सञ्चार माध्यम आ पत्रकार आचारसंहिता निर्माण सम्बन्धि सुझाव संकलन कार्यशाला गोष्ठी” मे सभी विचार समूह के प्रतिनिधित्व आ सहभागिता ना करावल कहत पत्रकार सम्वद्ध तीन संगठन आपत्ति जनवले बाडन ।

मिडिया काउन्सिल पर्सा से सञ्चार माध्यम के प्रकाशक÷सञ्चालक÷सम्पादक आ राष्ट्रिय मिडिया मे कार्यरत क्रियाशील पत्रकारलोग के सहभागिता के खातिर नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के जिम्मेवारी देहला पर भी अधिकांश क्रियाशिल पत्रकारलोग के जानकारी हि ना कराके कार्जक्रम के आयोजना कईल कहत विरोध जनवले बाडन ।

नेपाल प्रेस युनियन पर्सा, प्रेस सेण्टर नेपाल पर्सा, समाजवादी प्रेस संगठन नेपाल पर्सा संयुक्त विज्ञप्ति जारी करत मिडिया काउन्सिल के कार्जक्रम के विरोध जनवले बाडन । कार्जक्रम मे सहभागी करावे खातिर मिडिया काउन्सिल मिति २०७८÷१२÷८ गते के चलानी नं. ०७१÷०७८÷०७९ के पत्र मार्फत जनानी आ बरिष्ठ पत्रकारलोग के प्राथामिकता राखेके कहला पर भी महासंघ से पठावल सहभागीलोग के लिष्ट मे एक जने मात्र जनानी पत्रकार के नाम कईला पर भी कार्जक्रम मे अनुपस्थित रहला से महासंघ पूर्वाग्रह राखल देखल गईल जारी विज्ञप्ति मे उल्लेख कईल बा ।

महासंघ पर्सा शाखा के रवैया उपर कार्जक्रम आयोजक मिडिया काउन्सिल के भी ध्यान पुगे ना सकला मे तीन गो संगठन आपत्ति जनवले बा ।

वितल समय मे भी नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा फरक विचार समूह के पत्रकारलोगके पूर्वाग्रहपूर्ण व्यवहार करत आईल आ आवेवाला दिन मे भी कउनो कार्जक्रम आयोजना कईला पर आयोजक एकरा ओरी ध्यान पुगावे खातिर सभी के निहोरा कईले बा ।

विज्ञप्ति मे नेपाल प्रेस युनियन पर्सा के अध्यक्ष रामनारायण कुर्मी, प्रेस सेण्टर नेपाल पर्सा के अध्यक्ष दीपक गौतम, समाजवादी प्रेस संगठन नेपाल पर्सा के अध्यक्ष मनोज पटेल हस्ताक्षर कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।