वीरगंज भन्सार क्षेत्र से नगद पाँच लाख सहित एक भारतीय पकडईलें

वीरगंज भन्सार क्षेत्र से नगद पाँच लाख सहित एक भारतीय पकडईलें

वीरगंज ०४ चईत,

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ भन्सार क्षेत्र से सशस्त्र पुलीस श्रोत ना खुलल नगद पाँच लाख नेपाली रोपेया सहित एक भारतीय युवक पकडाईल बाडन ।

पकडाएवाला मे भारत बिहार के रक्सौल नगरपञ्चायत–७ के २४ बरीस के उमेश कुमार यादव रहल बाडन । सशस्त्र पुलीस यादव के एतवार के सबेरे पकडले रहे ।

रक्सौल से पैदल वीरगंज आरहल यादव के वीरगंज भन्सार क्षेत्र के शंकराचार्य प्रवेशद्वार मे सशस्त्र पुलीस रोकके देह चेकजाँच कईला पर उनकर साथ से श्रोत ना खुलल नेपाली १ हजार दर के ५ सय थान नोट बरामद कईल सशस्त्र प्रहरी नायब उपरीक्षक संगम श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।

यादव के जरुरी कारबाही के खातिर एतवार के दिने हि वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावल गईल श्रेष्ठ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।