नारायणी अस्पताल मे सिटिस्क्यान मेसिन सुरु

वीरगंज १३ चईत
नारायणी अस्पताल वीरगंज मे ७ बरीस के बाद सिटिस्क्यान मेसिन सुरु भईल बा । लम्हर समय से गरीब तथा बिपन परिवार के आदमीसब महँगा शुल्क तिरके निजि अस्पताल मे सिटिस्क्यान करत आवत रहलन ।
नारायणी अस्पताल मे कार्यरत डाक्टर बिरेन्द्र बहादुर प्रधान मेडिकल सुपरिटेन्डेन मे नियुक्ति भईला के बाद उ नारायणी अस्पताल के सेवा मुखी बनावेके योजना मे लागला के बाद अभी नारायणी अस्पताल भितर बन्द रहल डाइलोसिस मेसिन भी सुचारु भईल बा ।
बारा, पर्सा, रौतहट, सर्लाही सहित आउर प्रदेश से ईलाज करावे खातिर नारायणी अस्पताल मे मरेजीलोग आवेलन । अभी कोरोना भाइरस के खातिर छुटावल रोपेया से करीब ३ से ४ कोरोड के लागत मे सिटिस्क्यान मेसिन खरीद करेमे सफल भईल मेसु प्रधान जानकारी देहले बाडन ।
सिटिस्क्यान मेसिन संचालन करे खातिर जनशक्ति के कमी भईला पर भी जईसे तईसे सेवा देत आईल जनावल बा । अभी नारायणी अस्पताल मे सिटिस्क्यान मेसिन तीन सिप्ट् मे चालू करेके तीन जने कर्मचारी जरुरत भईला पर भी एक जने कर्मचारी के भर मे सिटिस्क्यान मेसिन संचालन मे लियावल गईल प्रधान बतवनी ।
गरीब तथा बिपन्न परीवार के आदमी के डाक्टर के सिफारिस मे सिटिस्क्यान मे बीस प्रतिशत छुट देवेके ब्यवस्था कईल मेसु प्रधान जानकारी करवनी ।
नारायणी अस्पताल मे अभी ९ गो डाइलोसिस मेशिन रहला मे ६ गो मेशिन शुचारु रहला से अब गरिव तथा विपन्न आदमी के बाहर जाएके झन्झट हटल मेसु प्रधान के दावी रहल बा । उ ३ गो बिगडल मेशिन भी मर्मत करेके तइयारी रहल बतवनी ।
नारायणी अस्पताल मे अभी स्वास्थ्य बिमा करावल आदमीसब ८०% प्रतिशत औषधि उपलब्ध हो रहल माकिर टेन्डर मे लगावल प्रकृया मे कुछ समस्या रहला से उ भी जलदी समाधान होखेके मेसु के दाबी रहल बा ।
मेसु प्रधान कहनी हमर कार्यकाल अब ८ महिना मात्र बा माकिर हम रहेतक नारायणी अस्पताल के सुधार करके जाएम दाबी कईनी ।






