६० गो पढनियार लईकालईकी आ पाँच जने पढवनियार लोग एक बरीस से एके गो कोठा मे

प्रभु यादव

बारा १५ चईत

बारा के परवानिपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर ५ बहुअरी मे नेपाल राष्ट्रिय अधारभुत बिधालय मे ६० गो पढनियार लईकालईकी आ पढवनियार पाँच गो एक बरीस से एके गो कोठा मे पढ रहल बाडन ।

बाल बिकास से किलास ५ तक मे ६० जने लईका लईकी पाँच जने पढवनीयार लोग पढा रहल बाडन । एक बरीस अगाडि पुरान भवन तोडला पर नयाँ भवन बनावेला उपभोक्त समिती गठन भईल माकिर राजनीति के कारण निर्माण होखे ना सकल । सरकार शिक्षा आ स्वास्थ मे बिकास करेला अगर्नी भुमिका देखा रहल माकिर राजनीति ना करे के राजनीति दल के प्रतिबद्धता कईल बिधालय के अवस्था दैनिय बनल जारहल बा । गईल उहाँ केहु सरोकारवाला जिम्मेवार बने ना खोजल उहाँ के अभिभावकलोग आरोप लगवले बाडन ।

स्थानीय सरकार के मातहत मे माबी स्तर के बिधालय आइला पर भी वार्ड नं. ५ के वार्ड अध्यक्ष रामेश्वर साह कलवार कउनो किसिम के कानुनी चसो हि ना देखल गईला के चलते बिधालय के अवस्था दैनिय भईल अजय पटेल आरोप लगवले बाडन ।

बिधालय के नाम मे जग्गा सम्पत्ति रहला पर भी स्थानीय जनप्रतिनिधि नियम सम्बन्धित कानुनी प्रक्रिया अगाडि ना बढईला से राजनीति बितल हाबी भईल पटेल बतवनी । २०४३ साल के झगडा भईला से हमनी सफल होखे ना सकनी । बिधालय के प्र.अ. धुरनदर प्रसाद भौतिक संरचना के बिबाद के चलते ई आर्थिक बरीस के पठनपाठन जोखिम अवस्था मे रहल जानकारी करवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।