पर्सा मे ५४ जने कोरोनामुक्त होके घर गईलें

वीरगंज १९ भादो

वीरगंज स्थित अस्थायी कोभिड अस्पताल आ सामुदायिक आइसोलेसन सेन्टरसब से ५४ जने कोरोनामुक्त होके घर गईल बाडन ।

पिछिलका पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद उलोग के डिस्चार्ज कईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रशासकीय अधिकृत विनय श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।

डिस्चार्ज भईललोग के अभी भी ७ दिन होम आइसोलेसन मे रहेके कहल गईल बा ।

काठमाण्डु के बाद सब से बेसी कोरोना संक्रमित मिलल जिल्ला के रुप मे रहल पर्सा मे संक्रमित के संख्या २ हजार ३ सय ७१ जने पुगल बा । कोरोनामुक्त होके घर जाएवाला के संख्या १ हजार ३ सय २७ पुगल बा ।

वीरगंज मे भादो २५ गते तकके खातिर निषेधाज्ञा जारी कईल बा । पर्सा मे कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या ३९ पुगल बा । ७० बेड के अस्थायी कोभिड अस्पताल गण्डक मे ६० जने ईलाज करा रहल बाडन । जउना मेसे ६ जने आईसीयू मे बाडन ।

१ सय २० बेड के अस्थायी कोभिड अस्पताल वीरगंज हेल्थ केयर मे ३७ जने ईलाज करा रहल बाडन । जउना मेसे १२ जने आईसीयू मे बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।