उपाध्यक्ष चौधरी के जसपा से निकाल गईल

वीरगंज १६ चईत

पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के उपाध्यक्ष फुलमति देवी चौधरी (थरुइन) के जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) पर्सा पार्टी से निष्काशन कईले बा । कुछ दिन पहिले मात्र आपन गाँवपालिका के अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल के दुर्व्यवहार कईल उपाध्यक्ष थरुइन के जसपा साधारण सदस्य भी ना रहेवाला किसिम से पार्टी से निष्काशित कईले बा ।

पार्टी के नीति नियमविपरित के कामसब कईल कहत बुध के दिने बईठल जसपा पर्सा के बईठक से थरुइन के पार्टी से निष्कासन करेके निर्णय कईल जनावल गईल बा ।

जसपा पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश प्रसाद यादव के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से स्थानीय तह के निर्वाचन के मध्यनजर करत स्थानीय निर्वाचन निर्देशिका २०७८ के बारे मे जिल्ला के पदाधिकारी आ सदस्यलोग के अभिमुखिकरण भी करवले बा ।

बईठक से इहे चईत २० गते तक केन्द्रिय समिति के निर्णय बमोजिम वार्ड तथा पालिकासब के उम्मेदवार छनौट करके जसपा जिल्ला समन्वय समिति मे पठावेके निर्णय भी कईले बा ।

एहितरे बईठक से जिल्ला अध्यक्ष यादव के नेतृत्व मे जिल्ला पदाधिकारी, सदस्य, पालिका सदस्य, क्षेत्रिय सदस्य, वार्ड सदस्य रहेवाला किसिम से ५ सय १ सदस्यीय स्थानीय निर्वाचन मूल परिचालन कमिटी आ जिल्ला सचिव तबरेज अहमद के नेतृत्व मे २ सय १ सदस्यीय निर्वाचन प्रचार प्रसार समिति गठन कईले बा ।

पार्टी कार्यालय पर्सा मे बईठल बईठक मे जसपा पर्सा के उपाध्यक्ष बासुदेव यादव, पोखरिया नगरपालिका के उपप्रमुख सलमा खातुन, सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष प्रदिप जैसवाल, पकाह मैनपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष बिजय कुमार चौरसिया, जसपा वीरगंज महानगर समिति के अध्यक्ष ईश्वरचन्द यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।