जेठ ३२ गते तक लकडाउन बढल

काठमाण्डु १७ जेठ

मन्त्रिपरिषद् बईठक से लकडाउन जेठ ३२ गते तक करेके निर्णय कईले बा ।

शनिचर के दिने प्रधानमन्त्री के सरकारी निवास बालुवाटार मे बईठल मन्त्रिपरिषद् बईठक से जेठ ३२ गते तक लकडाउन करेके निर्णय कईल अर्थ, सञ्चार तथा सूचना प्रविधिमन्त्री एवम् सरकार के प्रवक्ता डा. युवराज खतिवडा जानकारी देहनी ।

सँगे सरकार असार १६ गते तक सभी उडान बन्द करेके निर्णय कईले बा ।

“अन्तर्राष्ट्रिय सीमा नाका जेठ १८ गते तक बन्द करेके भईल निर्णय के २०७७ साल असार १६ गते अर्थात् जुन ३० तक सीमा क्षेत्र के आवागमन स्थगित करेके निर्णय भईल बा”, सरकार के प्रवक्ता भी रहल मन्त्री खतिवडा कहनी कि, “सीमा मे आउर कडाई करेके निर्णय भी भईल बा ।”

सरकार सीमा के आवागमन के विश्व स्वास्थ्य संगठन के मापदण्ड मुताविक चेकजाँच करेके सम्बन्ध मे दु देशबीच बातचीत करेके निर्णय कईल जानकारी खतिवडा देहनी ।

प्रवक्ता खतिवडा के मुताविक लकडाउन के मोडालिटी परिवर्तन करेके विषय मे निर्णय करे खातिर कोरोना रोकथाम तथा नियन्त्रण उच्च स्तरीय समिति के सरकार जिम्मा देहले बा ।

विश्वव्यापी महामारी के रुप मे फईलल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण रोके खातिर सरकार २०७६ साल चईत ११ गते से लकडाउन करत आईल बा ।

सरकार पहिलका बेर चईत ११ से १८ गते तक लकडाउन कईले रहे ।

ओकरा बाद फेनु दुसरका बेर एक हप्ता थप के २५ चईत तक के खातिर बढवले रहे ।

ओकरा के निरन्तरता देत वैशाख ३, ओकरा बाद १२ दिन लकडाउन के समय बढा के वैशाख १५ आ १० दिन थप करत वैशाख २५ आ पिछिलका बेर जेठ ५ गते तक लकडाउन के समय बढवले रहे ।

ओकरा बाद सरकार एके बेर १५ दिन लकडाउन थप के जेठ २० गतेस तक बढवले रहे ।

कोरोना संक्रमण के जोखिम बढ रहल निष्कर्ष निकालत लकडाउन के बढावे खातिर उच्च स्तरीय समिति सिफारिस कईल मुताविक सरकार जेठ ३२ गते तक लकडाउन के समय थप कईले बा ।

शनिचर के एके दिन १८९ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक एकरा सँगे संक्रमित के संख्या १४ सय १ पुगल बा ।

सात जने के मृत्यु भइल बा आ २१९ जने ईलाज करा के ठिक भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।