एमाले देश मे समृद्ध लिआई : नेता यादव

वीरगंज १६ चईत
आवेवाला बैशाख ३० गते होखे लागल स्थानीय तह के निर्वाचन के मध्य नजर करके पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका मे चुनावी सरगर्मी बढल बा ।
बहुदरमाई नगरपालिका मे नेपाली कांग्रेस से निर्वाचित नगर उप–प्रमुख गायत्री देवी के मरद नेकपा एमाले मे प्रवेश कईले बाडन ।
नेपाली कांग्रेस से निर्वाचित भईल नगर प्रमुख नितेन्द्र साह से एक हजार बेसी मत लियाके निर्वाचित नगर उप–प्रमुख गायत्री देवी के मरद साबिक के बिश्रामपुर गाँव विकास समिति के अध्यक्ष भी रहल राजदेव यादव नेकपा एमाले मे प्रवेश कईले बानी । बहुदरमाई वार्ड नं.–२ पिपरा मे आजु नेकपा एमाले बहुदरमाई नगर समिति से आयोजना कईल वार्ड स्तरीय भेला तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे नेकपा एमाले के केन्द्रिय सदस्य एवम् संविधानसभा सदस्य राजकुमार गुप्ता टिका लगाके यादव के पार्टी मे स्वागत कईले रहनी । यादव आवेवाला निर्वाचन मे एमाले से नगरप्रमुख पद के उम्मेदवारी देवेके परिवारीक स्रोत जनवले बा ।
यादव के एमाले प्रवेश सँगे अब उनकर मेहरारु एवम् नगरपालिका के नगर उप–प्रमुख गायत्री देवी भी एमाले मे जाए सकेके संकेत देखल गईल स्थानीय के कहनाम रहल बा । ई विषय मे नगर उप–प्रमुख से बात कईला पर हम भी एमाले मे हि जाए सकेके प्रतिक्रिया देहले बानी ।
वडा भेला तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम के सम्बोधन करत यादव नेकपा एमाले के बढल जनलहर से एमालेबाहेक आउर कउनो पार्टी देश मे समृद्ध लियावे ना सकेके दाबी कईनी ।
नेकपा एमाले बहुदरमाई नगर कमिटी के अध्यक्ष प्रमोद कुशवाहा के अध्यक्षता मे भईल भेला के एमाले के नेता शिव पटेल, जिल्ला कमिटी सदस्य एवम् वार्ड अध्यक्ष केदार तिवारी, डा. सन्तोष साह, कृष्ण यादव, रामबाबु साह लगायत सम्बोधन कईले रहलन । भेला से चन्द्रशेखर प्रसाद राव के अध्यक्षता मे ५१ सदस्यीय वार्ड कमिटि भी गठन भईल बा ।






