तीनु तह मे गठबन्धन से चुनाव लडल जाई ः देउवा पोखरिया के मेयर रौनियार कांग्रेस मे प्रवेश

वीरगंज २६ फागुन,

प्रधानमन्त्री शेरबहादुर देउवा स्थानीय निर्वाचन मे गठबन्धन के बेवास्ता करे ना मिलेके बतवले बानी । नेपाली कांग्रेस सभापति भी रहल प्राधनमन्त्री देउवा केन्द्र से स्थानीय तह तक मिलके जाएके बतवले बानी ।

बियफे के दिने कांग्रेस के पर्सा जिल्ला समिति के नवनिर्वाचित कार्यसमिति सदस्य के प्रमाणपत्र वितरण कार्जक्रम मे कांग्रेस सभापति भी रहल देउवा, ‘गठबन्धन के साथीलोग के सहजोग से हम प्रधानमन्त्री भईल बानी । गठबन्धन के साथीलोग के बेवास्ता करे ना मिली ।’ गठबन्धन मे आवद्ध दलसब बीच स्थानीय से उपरला चुनाव मे तालमेल करे खातिर छलफल होखेके उ बतवनी ।

अभी के निर्वाचन प्रणाली मे कउनो पार्टी अकेले बहुमत लियावे ना सकेके कहत देउवा गठबन्धन करेके बाध्यता रहल बतवनी । ‘संविधान मुताविक कउनो भी पार्टी अकेले बहुमत लियावे ना सकी, केहु ना केहु से मिलेके जरुरत बा,’ कहत उ, कुछ जगहा मे समस्या होखी, माकिर बातचीत करके मिलेके पडि ।’

देउवा अगाडि कहनी, ‘अकेले लडला पर बहुते जगहा मे हारल रहनी । गठबन्धन करके स्थानीय तह से प्रदेश आ केन्द्र मे भी बिहान सरकार बनावेके हिसाब से अगाडि बढल जा सकता ।’

प्रजातन्त्र आ कांग्रेस के खातिर भी अभी के गठबधन जोगावेके कहत देउवा साझेदार दलसब के आलोचना ना करे खातिर निहोरा कईनी । कहत उ, ‘उ चलते हमनी के बोली भाषा से गठनबन्धन के भाषा से अन–नेसेसरीली कहँुचावे के काम ना करेके चाहिं ।’

सभी पार्टी के सहजोग से अमेरिकी मिलेनियम च्यालेन्ज कर्पोरेसन (एमसीसी) संसद से पास भईल आ एकरा से नेपाल के आर्थिक विकास मे बडका भूमिका निर्वाह करेके देउवा बतवनी ।

कांग्रेस सभापति भी रहल देउवा भारत आ चीन सँगे बढिया सम्बन्ध राख के आउर देश से नेपाल के विकास के खातिर सहजोग लेके अगाडि बढेके बतवनी ।

कांग्रेस जिल्ला अधिवेशन के निर्वाचन अधिकृत नरेन्द्र बहादुर केसी के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे नव निर्वाचित जिल्ला सभापति मे जनार्दन सिंह क्षेत्री, उप सभापति रामनारायण प्रसाद कुर्मी, अशोक कुमार गुप्ता, सचिव इम्तियाज आलम, दिनेश कुमार चौधरी, सह सचिव नविन सिंह, मदन राउत अहिर लगायत के जिल्ला कार्य समिति के सदस्यलोग के प्रमाण पत्र वितरण कईल रहे ।

कार्जक्रम मे नेपाली काँग्रेस के केन्द्रिय सदस्यद्वय रमेश रिजाल, अजय चौरसिया, पुर्व केन्द्रिय सदस्य सुरेन्द्र चौधरी, पूर्व जिल्ला सभापति अजय द्विवेदी, मधेश प्रदेश के खानेपानी तथा उर्जा बिकास मन्त्री ओमप्रकाश शर्मा, संविधान सभा सदस्य अनिल रुंगटा लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

एहितरे पर्सा के पोखरिया नगरपालिका के नगरप्रमुख दीपनारायण रौनियार नेपाली कांग्रेस मे प्रवेश कईले बाडन । नेपाली कांग्रेस जिल्ला कार्य समिति पर्सा वीरगंज मे आयोजना कईल प्रमाण पत्र वितरण तथा पदस्थापन कार्जक्रम मे रौनियार कांग्रेस मे प्रवेश कईले बाडन ।

बियफे के दिने वीरगंज आइल नेपाली कांग्रेस के सभापति एवं प्रधानमन्त्री शेरबहादुर देउवा टिका आ माला लगाके मेयर रौनियर के पार्टी प्रवेश करवले बानी । पहिलका स्थानीय तह के निर्वाचन मे नेपाली जनता दल से ३ हजार २६ मत प्राप्त करके उ नगरप्रमुख मे निर्वाचित भईल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।