स्थानीय तह के निर्वाचन मे जनानी लोग के स्वतन्त्र सहभागिता ना भईल

प्रभु यादव
बारा १६ चईत
स्थानिय तह के निर्वाचन मे स्वतन्त्र सहभागिता जनानी लोग के ना भईल आवेवाला स्थानिय तह के निर्वाचन मे जनानी के समानुपातिक सहभागिता संचारकर्मी लोग के भुमिका विषय मे बतकही कार्जक्रम के सहभागी लोग के कहनाम रहल बा ।
वितल निर्वाचन मे स्वच्छ राजनिती करेवाला जनानी लोग के पार्टी से उमेदवार ना बना के मर्दाना लोग के सट्टा मे बनावल गईल संचारकर्मी लोग के कहनाम रहल रहे । पदिय अधिकार सञ्चालन करेला निर्वाचित जनानी लोग मे दक्षता होखि तबही सहभागिता अर्थपुर्ण होखी संचारकर्मी लोग बतावले रहनी ।
जनानी लोग के समान हक सहित अर्थपुर्ण सहभागिता सहित के सहभागिता भईल स्थानिय तह मे जरूरी भईल कार्जक्रम के सहभागी लोग के बात रहल बा । पार्टी सब समिति बनावे समय मेही २५ प्रतिशत तक सहभागिता करावले बा चुनाव मे दक्ष लोग के उमेदवार बना के ३३ प्रतिशत के सरकारी व्यवस्था कार्यन्यन करावे के सहभागी लोग जोड देहले रहनी । बतकही कार्जक्रम मे संचारकर्मी लोग जनानी लोग के स्थानिय तह मे विशेष सहभागिता खातिर सरोकारवाला के ध्यानकर्षण करावेला समाचार सम्पेशन करे के जनकारी करावले रहनी ।
शी लिङस परियोजना जनानी नेतृत्व आयोजना अन्तर्गत जनानी सहभागिता के खातिर नेपाल सहित बंगलादेश, कम्बोडिया, इनणडोनेशिया, म्यानमार, पाकिस्तान आ श्रीलंका कर के सात गो देश मे आईफेस के प्रविधिक सहजोग के काम कररहल माण्डवी संस्था के कार्जक्रम संयोजक दिपेन्द्र ठाकुर जनकारी करावले रहनी ।
माण्वी संस्था ११ बरीस से जनानी लोग के राज्य के निकाय मे समानजक सहभागिता कर के नेतृत्व करसको के खातिर काम करते आईल संस्था के कार्जक्रम संयोजक संतोष कुमार महतो जनकारी करावले रहनी । संस्था के महासचिव अनुषा झा जनानी लोग के ज्ञान सीप के विकास करावल सब से अधिक जरूरी भईल बतावले रहनी ।
महिला नेतृत्व कार्जक्रम मधेश प्रदेश के बारा, रौतहट, सर्लाही, महोतरी आ धनुष कर के पाँच जिल्ला मे सञ्चालन होरहल बा आवेवाला दिन मे पूरा आठ जिल्ला मे सञ्चालन कईल जाई जनकारी करावल गईल रहे । आवेवाला स्थानिय तह निर्वाचन मे जनानी लोग के समानुपातिक सहभागिता मे संचारकर्मी लोग के भुमिका सम्बन्धि प्रदेश स्तरीय बतकही कार्जक्रम के माण्डवी के आयोजना मे अष्ट्रेलियन एड के आर्थिक सहजोग आइफेस के प्राविधिक सहजोग मे रौतहट के चन्द्रपुर के गौतम होटल मे कईल गईल रहल रहे ।
कार्जक्रम मे मधेश प्रदेश मे सञ्चालित परियोजना के आठ जिल्ला से संचारकर्मी सब के सहभागी मे भइल बतकही मे चन्द्रकिशोर झा के सहजिकरण रहल रहे ।






