फेनु बढल इन्धन के दाम, खाना बनावेवाला ग्यास के भी दाम बढल

काठमाण्डु २२ चईत
नेपाल आयल निगम इन्धन के दाम बढवले बा । आजु रात १२ बजे से लागू होखेवाला किसिम से निगम पेट्रोल, डिजल आ मट्टितेल के दाम बढवले बा ।
एकरा सँगे अब पेट्रोल के दाम १६० रोपेया प्रति लिटर पुगल बा आ डिजल आ मट्टितेल के दाम १४३ रोपेया प्रति लिटर पुगल बा ।
इन्धन सँगे निगम खाना पकावेवाला ग्यास के दाम भी बढवले बा । बढल दाम मुताविक खाना पकावेवाला ग्यास के दाम प्रति सिलिण्डर १६ सय रोपेया पुगल बा ।






