महानगर के न्यायिक समिति सात बरीस मे दु सय ८१ उजुरी फछ्र्याैट

महानगर के न्यायिक समिति सात बरीस मे दु सय ८१ उजुरी फछ्र्याैट

वीरगंज २९ चईत

वीरगंज महानगरपालिका अन्तर्गत के न्यायिक समिति पिछिलका सात बरीस मे दु सय ८१ गो उजुरी के समाधान कईल बा ।
महानगरपालिका के उपप्रमुख के संयोजकत्व मे गठित समिति मे आर्थिक बरीस २०७४÷७५ से अभी तक दर्ता भईल तीन ५३ उजुरी मेसे दु सय ८१ गो किनारा लगवले बा । उपप्रमुख इम्तियाज आलम संयोजकत्व के टोली चालु आव २०८०÷८१ के आठ महिना मे चार गो उजुरी फछ्र्याैट कईल न्यायिक समिति के उजुरी प्रशासक अधिवक्ता धनबहादुर थापा जानकारी देहनी ।
न्यायिक समिति मे चालु आव मे दर्ता भईल २३ गो आ पिछिलका आव २०७९÷८० से आईल ४९ गो करके ७२ गो उजुरी फछ्र्याैट होखेके बाँकी रहल अधिवक्ता थापा बतवनी । उनका मुताविक न्यायिक समिति आव २०७४÷७५ मे एक सय २६ गो, आव २०७५÷७६ मे ७७ गो, आव २०७६÷७७ मे ५४ गो, आव २०७७÷७८ मे आठ गो, आव २०७८÷७९ मे चार गो आ आव २०७९÷८० मे चार गो उजुरी किनारा लगवले बा ।
वीरगंज महानगरपालिका मे बितल आव २०७४÷७५ से हि न्यायिक समिति गठन होके काम करत आईल बा । न्यायिक समिति मे आवेवाला उजुरी मेसे करिब ८० प्रतिशत उजुरी जमिन विवाद सम्बन्धी हि रहल उनकर कहनाम बा । न्यायिक समिति मे बहुते जईसन उजुरी जमिन विवाद, घर निर्माण खिचौला, लेनदेन, बालीनाली नोक्सानी, घरभाडा सम्बन्ध मे आईल अधिवक्ता थापा के कहनाम बा ।
स्थानीय तह के विवाद स्थानीय तह मे मेलमिलाप के माध्यम से समाधान करे खातिर स्थानीय सरकार सञ्चालन ऐन, २०७४ के दफा ४६ मे स्थानीय तह मे न्यायिक समिति के व्यवस्था कईल बा । उपप्रमुख भा उपाध्यक्ष के संयोजकत्व मे गठित न्यायिक समिति के सम्बन्धबिच्छेद, जमिन विवाद, घरभाडा सम्बन्धी, गाईभईस से बालीनाली नोक्सानी कईल लगायत के विवाद मेलमिलाप मार्फत समाधान करेवाला किसिम से जिम्मेवारी देहल गईल बा ।
महानगरपालिका के न्यायिक समिति आपन अधिकार क्षेत्र के मुद्दा मामिला के मेलमिलाप के सिद्धान्त मे निर्णय कईला पर प्रभावकारी बनल स्थानीय बतवले बाडन । न्यायिक समिति मे आवेवाला उजुरी के स्थानीय जनप्रतिनिधि के सक्रियता मे सम्बन्धित पक्षबीच मेलमिलाप करावेके काम न्यायिक समिति कर रहल अधिवक्ता थापा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।