नेपाल एशिया महादेश के पहिला देश टाइफाइड विरूद्ध के खोप चलवारहल

प्रभु यादव

बारा २२ चईत

नेपाल एशिया महादेश मे पहिलका रहल टाइफाइड रोग विरूद्ध के खोप लगवे जारहल बा ।

चईत २५ गते से बैशाख के १६ गते तक नेपाल सहित बारा मे सञ्चालन होखे जारहल बा । टाइफाइड रोग विरूद्ध के खोप अभियान तथा नियमित खोप मे टाइफाइड खोप के शुरूवात जिल्ला खोप समन्वय समिति आ संचारकर्मी सभे के खोप खोप ईन्चार्ज संतोष ढुंगेल जनकारी करावले रहनी ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा के सभाकक्ष मे भईल बतकही कार्जक्रम के अध्यक्ष निमित्त प्रमुख जिल्ला अधिकारी शिवराज सेढाई रोग लागे से पहिले लागही ना देवेवाला उपाय कईल वेस भईल बतावले बानी । जिल्ला के सभे जनता सब मे स्थानिय भाषा मे बुझेवाला सूचना प्रवाह करेके सभेके दायित्व रहल निमित्त प्रमुख जिल्ला अधिकारी सेढाई निहोरा कईले बानी ।

खोप ईन्चार्ज संतोष ढुगेल १५ महिना से १५ वरीस के निचा के लईकालईकी के खोप लगावे के अभियान सुरू कईल जाई जानकारी करावले बानी । नेपाल मे विगत पाँच वरीस के तथ्यांक अनुसार हरेक वरीस करिब चार लाख ५० हजार जने मे टाइफाइड संक्रमित होखेला ढुंगेल जनकारी करावले बानी ।

पानी आ खाएवाला से होखेवाला संक्रमक रोग सब मे से टाइफाइड तिसरका स्थान मे रहल ढुंगेल जनकारी करावले बानी । टाइफाइड सभे उमिर समुह के लोग के होखेला माकिर १५ वरीस से निचा के लईकालईकी करिब ११ गुणा अधिक संक्रमण होखेला खोप ईन्चार्ज ढुंगेल जनकारी गरावले बानी । अभियान मे १५ महिना से १५ वरीस निचा केलईकालईकी सब मे बारा दु लाख ४१ हजार छव सय ९६ जने मे खोप टाइफाइड रोग के लगावल जाई ढुंगेल जनकारी करावले बानी ।

१५ महिना से चार बरीस से निचा ५० हजार आठ सय २८ आ चार वरीस से १५ बरीस निचा मे एक लाख ९० हजार आठ सय ६८ रहल ढुंगेल जनकारी करावले रहनी । बारा के १६ पालिका मे चईत २५ गते से तीन चरण मे खोप लगावल जाई जवना मे खोप केन्द्र एक हजार तीन सय ८० रहल दु हजार सात सय ६० गो स्वयंमसेवक खटावे के कार्जक्रम रहल जनकारी करावले बा । पहिलका चरण मे चईत २५ गते से ३० गते तक कलैया उपमहानगरपालिका, जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका, प्रसौनी गाँवपालिका, विश्रामपुर गाँवपालिका, फेटा, परवानीपुर मे खोप लगावल जाई । दुसरका चरण मे बैशाख ४ गते से ९ गते तक निजगढ नपा, महागढीमाई नपा, बारागढी गापा, करैयामाई गापा तिसरका चरण मे बैशाख ११ गते से १६ गते तक सिम्रौनगढ नपा, पचरौता नपा, सुर्वण गापा, आदर्शकोतवाल गापा, देवताल गापा मे खोप सञ्चालन कईल जाई ।

जनस्वास्थ्य कार्यालय कलैया के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे बारा प्रहरी प्रमुख दिलिप सिह देउवा, जनस्वास्थ्य कार्यालय के प्रमुख रामनरेश यादव लगायत समन्वय समिति आ संचारकर्मी लोग के सहभागिता रहल रहे । खोप कार्जक्रम स्कुल मे विशेष प्राथमिकता सहित केन्द्र राखल गईल बा जवन लईका लईकी स्कुल से बाहर रहल बा उ लोग के खातिर गाँव मे रहल स्वास्थ्य चौकी भा खोप केन्द्र मे चलावल जाएके जानकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।