स्वार्थीलोग मधेसविरोधी कहके हल्ला चलवलन : अध्यक्ष ओली

वीरगंज २२ चईत
नेकपा एमाले के अध्यक्ष केपी शर्मा ओली खुद मधेस विरोधी ना भईल प्रष्टीकरण देहले बाडन । मंगर के दिने वीरगंज मे आयोजना कईल पार्टी के बृहतआमसभा तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे उ खुद के मधेसविरोधी कहके हल्ला चलावल कहत असन्तुष्टी जनवले बाडन ।
‘केपी ओली मधेस विरोधी हउवन कहके हल्ला चलवलन, कुछ स्वार्थी साथीलोग, ६० बरीस से हम मधेस मे रहल बानी, इनार कईसे खोनेके पडि, चापाकल कईसे हलावेके पडि कहके जानकारी बा । भईंस पाडा के पिठ पर बईठके भईस चरावेके परेला हमरा जानकारी बा, हर कईसे जोतेके परेला हमरा जानकारी बा’ उ कहनी ।
अध्यक्ष ओली मधेस विरोधी कहेवाला के सामने हम मधेस मे चौडा सडक बनावल आ मधेस मे सिँचाइ के खातिर सुनकोशी मरिण डाइभर्सन के काम सुरु कईल दावी कईनी ।
‘पहिले ढल्केबर से मधेस प्रदेश के राजधानी जनकपुर गईला पर अढाइ घण्टा लागल रहे अ गाडी भी एतना हिलल रहे । गाडी भी बिगडल रहे आ हम भी बेमार भईल रहनी । केपी ओली मधेस विरोधी कहेवाला कहत रहलन हम उहाँ ओईसन रास्ता बना देहनी, अभी २० मिनेट मे ढल्केवर से जनकपुर पुगेलन आदमी’ उ कहनी ।
ओली कहनी, ‘सुनकोशी बन्द करके, बाँध बान्हके, पहाड छेडके टनेल बनाके, बारा, रौतहट, सर्लाही, महोत्तरी आ धनुषा के १ लाख ८५ हजार खेत सिचाई करेवाला मरिण सुनकोशी डाइभर्सन आयोजना, आयोजना के काम हम सुरु करके काम हो रहल बा ।’
तराई के खेत सिँचाइ करेके, सडक आ एयरपोर्ट बनावल कहत ओली खुद मधेसविरोधी ना भईल दोहरवनी । ‘तराई के खेत सिँचाइ करेवाला केपी ओली मधेस विरोधी, तराई के रास्ता बनावेवाला, एयरपोर्ट बनावेवाला केपी ओली बाडन त मधेस विरोधी ? हल्ला चलावेवाला चलावत रहिहन अपनेलोग के जानकारी बा’ उ कहनी ।
सयो जने एमाले प्रवेश कईलें
कार्जक्रम मे पर्सा के अनेकन पालिका के निर्वाचित जनप्रतिनिधी आउर दल के नाम चलल नेता के साथे सर्वधारण करके बहुते संख्या मे एमाले मे प्रवेश कईले बाडन ।
पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका उपाध्यक्ष मे जसपा से निर्वाचित फुलमतिदेवी चौधरी, बहदुरमाइ नगरपालिका के उप्रमुख मे काँग्रेस से निर्वाचित गायत्री देवी यादव, धोबीनी गाँवपालिका के उपाध्यक्ष पारसनाथ कुर्मी एमाले मे प्रवेश कईले बाडन ।
तीन जने उपप्रमुख आ कुछ वार्ड अध्यक्ष सहित सयो के संख्या मे एमाले मे प्रवेश कईल एमाले पर्सा जनवले बा । नवप्रवेशीलोग के एमाले अध्यक्ष ओली फुल के माला आ टीका लगाके पार्टी मे स्वागत कईलन ।
एमाले पर्सा के अध्यक्ष जयप्रकाश थारु के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे एमाले सचिव एंव पूर्वमन्त्री रघुवीर महासेठ, पोलिटब्युरो सदस्य एंव पूर्वमन्त्रीद्धय प्रभु साह आ ज्वाला साह, नवप्रवेशी वीरगंज महानगरपालिका नगरप्रमुख विय सरावगी, नेता शीव पटेल लगायत के लोग कार्जक्रम के सम्बोधन कईले रहलन ।






