बिओपी बिजयबस्ती के भवन एसपी पोखरेल कईलन शिलान्यास

जिराभवानी १६ फागुन

ससस्त्र प्रहरी बिओपी सुरुची बिजयबस्ती के भवन के आजु एगो कार्जक्रम के बीच शिलान्यास कईल बा । पर्सा के सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक एसपी तेज प्रसाद पोखरेल उ भवन के शिलान्यास कईले बाडन ।

बिओपी सुरुची बिजयबस्तीद्वारा आजु सबेरे आयोजना कईल एक विशेष कार्जक्रम के बीच भवन के शिलान्यास भईल बा । शिलान्यास कार्जक्रम मे जग्गादाता सन्तोष श्रेष्ठ, वार्ड अध्यक्ष बही बहादुर पाख्रीन, पुर्व गाबिस अध्यक्ष लाल बहादुर श्रेष्ठ, एमाले ठोरी के अध्यक्ष खगेन्द्र श्रेष्ठ, बिओपीसब ठोरी, ब्रम्हानगर, बिजयबस्ती, सुवर्णपुर आ जीराभवानी के प्रमुख लगायत के उपस्थिति रहल रहे । बिओपी बिजयबस्ती के जग्गादाता सन्तोष श्रेष्ठ आ एसपी पोखरेल संयुक्त रुप मे पुजा करत शिलान्यास भईल भवन २०७९ असार तक मे निर्माण पूरा होखेके ठेकेदार नाति–बालाजी जोएन्ट भेन्चर जनवले बा ।

कुल ८० लाख ६४ हजार ७ सय ४० के लागत मे असार तक मे २ गो भवन आ एगो शौचालय बनेके ठेकेदार कम्पनी जनवले बा । बिओपी के भान्साघर के निर्माण पुरा होखे लागल बा । भान्साघर निर्माण के ठेक्का प्रकाश निर्माण सेवा लेहले बा । बिजयबस्ती के मन्कारी सन्तोष श्रेष्ठ बिओपी के ५ कठ्ठा जग्गादान कईला के बाद स्थायी क्याम्प बनल सुरु भईल बा श्रेष्ठ जग्गादान कईला से बिओपी के नाम सुरुची बिजयबस्ती नामाकरण भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।