स्थानिय तहके निर्वाचन मे हमनी के भुमिका प्रतिगमनकारी विरुद्ध रही : सचिव चौधरी

वीरगंज २४ चईत
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी एकीकृत समाजवादी के सचिव नागेन्द्र चौधरी आवेवाला निर्वाचन मे प्रतिगमन के हरावे के मुख्य प्रयास रहेके बतवले बानी । पार्टी निकट के समाजवादी प्रेस संगठन नेपाल पर्सा मे आवद्ध पत्रकारलोग से आजु वीरगंज मे बतकही करत नेता चौधरी आवेवाला निर्वाचन मे देशभर गठबन्धन होखेके लगभग निश्चित रहल बतवनी ।
स्थानिय तह निर्वाचन से प्रदेश आ प्रतिनिधि सभा निर्वाचन तक सतारुढ ५ दल बीच देशभर गठबन्धन होखेके निश्चित रहल बतावत उ गठबन्धन के मोडलिटी के बारे मे शिर्ष नेतालोग बिच छलफल जारी रहल बतवनी । प्रतिगमन विरुद्ध के गठबन्धन से प्रतिगमनकारी केपी शर्मा ओली नेतृत्व के नेकपा एमाले के हरावेके आ देशभर हि गठबन्धन विजयी होखेके नेता चौधरी दाबी कईनी ।
समाजवादी प्रेस संगठन पर्सा के अध्यक्ष मनोज पटेल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेकपा एकीकृत समाजवादी के पोलिट व्युरो सदस्य एवम् पर्सा जिल्ला इन्चार्ज रामचन्द्र साह, पोलिट ब्युरो सदस्य चिरन्जिवी अचार्य, पर्सा जिल्ला अध्यक्ष बालगोपाल थापा, वीरगंज महानगर अध्यक्ष मनोज चौधरी, समाजवादी प्रेस संगठन नेपाल के केन्द्रिय सदस्य एवम् केन्द्रिय प्रचार विभाग के सदस्य राघव साह, केन्द्रिय सदस्य एवम् मधेश प्रदेश के अध्यक्ष बृजलाल पासवान, रेविन्द्र कार्की लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
वीरगंज के भारतिय दुतावास लगे रहल समाजवादी प्रेस संगठन के सम्पर्क कार्यालय मे भईल कार्जक्रम मे समाजवादी प्रेस संगठन पर्सा के उपाध्यक्ष शम्भु कुमार सुमन, सह–सचिव बिनोद पटेल, कोषाध्यक्ष हरिशंकर शर्मा लगायत सदस्यलोग के सहभागीता रहल कार्जक्रम संचालक समाजवादी प्रेस संगठन पर्सा के सचिव अजय चौरसिया बतवनी ।






