रिलायन्स सुगर मिल्स के दुसित पानी के चलते छठ पवनी करेवाला के समस्या

प्रभु यादव

बारा २४ चईत

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २४ श्रीपुर मे रहल रिलायन्स सुगर मिल्स एण्ड केमिकल के दुसित पानी के कारण छठ पवनी करेवाला परेसानी मे परल बाडन ।

कारखाना मे उख पेर के चिनी बना के निकलल मोलासेस पानी से इस्पीरिट बनावला वाद निकलल दुसित पानी बगरी नदि मे पठावला से छठ करेवाला पवनईतीन लोग के आपती भईल बा । छठ पवनी सुध सफा होकर के नदि पोखरा जलाशय भईल जगह मे पुग के कईल जाला । बगरी नदि के नजिक रहल ब्रह्मपुरी, सुराही, बंजरीया, प्रस्टोका, बेलहीया, गोईठई, भलुही, अकवनिया, विश्रामपुर गाँवपालिका के गाँव लगायत के छठ करेवाला घाट पर पवनईतिन सब के परिसानी भईल बा ।

नदि के दुषित पानी मे खाडा होकर के डुबत सुरज के अरघ देवेवाला पवनइतिन के पाव मे हगुवट भईला से छठीमाई के ध्यान देवे से जादा पयर के ओर ध्यान रहल आशा देवी के सिकायत रहल बा । कलैया उपमहानगरपालिका १७ ब्रह्मपुरी के नेपाली काँग्रेस के वार्ड अध्यक्ष के प्रत्यासी दिपेन्द्र कुशवाहा रिलाईन्स सुगर मिल्स कारखाना से निकलल दुसित पानी से गाँव के लोग मे विमारी होरहल सिकायत कईले बानी ।

दिन भर किसान सब खेत मे काम कर के आवेला माकिर सझिया के समय मे नदि के पानी मे मिलल चिनी सफाई कईल पानी गन्ध देवेला जवना से सुते मे कठिनाई होरहल कुशवाहा बतावले बानी । कारखाना साहु, प्रमुख जिल्ला अधिकारी आ सरोकार राखेवाला लोग सझिया के ८ः०० बजे के समय मे नदि के किनार भईल जगह मे कुछदेर रह के देखादेवो लोग ललकारत चुनौती कुशवाहा देहनी ।

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ३ के अध्यक्ष जलाल्लुदिन मंसुर आपन बैराठपुर के जनता सब अष्ठजाम के खातिर जल लियावे गईल बगरी नदि मे दुषित पानी भईला से दिक होकर के सिकायत कईले जनकारी करावले बानी । रिलायन्स चिनी मिल के जिमेवार लोग के लापरवाही से धर्म संस्कृति सहित प्रर्यावरण मे असर परल वार्ड अध्यक्ष मंसुर बतावले बानी ।

फेटा गाँवपालिका वार्ड नम्वर १ भलुही के वार्ड अध्यक्ष जयप्रकाश दास नदि के जलाशय के फोहर बनावल गैर कानुनी काम भईल बा चिनी मिल गैर जिम्मेवार काम कईला से धर्म संस्कृति मे ठेस पुगला से जनता के परिसानी पुगल बतावले बानी ।

रिलाईन्स सुगर मिल्स एण्ड केमिकल ईन्डेष्ट्रीज के प्रबन्धक विकास चौधरी प्राविधि के सब के काम लगावल गईल बा भुल से पानी नदि मे पुगल बा जवना के तीन दिन से बोरिङ से पानी चलवा के नदि के सफाई करवावल जारहल जनकारी करावले बानी ।

रिलायन्स चिनी मिल के कर्मचारी प्रशासन फाट के प्रमुख महेन्द्र साह तीन दिन पहिले रात के समय मे केहु अनजान लोग मोलासिस वाला पानी खोलदेहले बा जवना के सफाई करे मे मिल से पूरा प्रयास कईल जारहल जनकारी करावले बानी । चिनी कारखाना करिब एक महिना पहिले उख के पेराई कईल काम छोड देहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।