वीरगंज हेल्थकेयर मे स्वास्थ्य बीमा कार्जक्रम शुरु

वीरगंज २५ चईत
वीरगंज महानगर–१४ गण्डक बहुअरीस्थित वीरगंज हेल्थकेयर अस्पताल मे शुक से स्वास्थ्य बीमा कार्जक्रम शुरु भईल बा ।
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी उमेशकुमार ढकाल बीमा कार्जक्रम के उदघाटन कईनी । कार्जक्रम मे उ बीमा कार्जक्रम के विशेषता आ महत्व के बारे मे खास करके ग्रामीण भेग के जनता के जानकारी आ जनचेतना ना भईला के चलते उलोग ई कार्जक्रम से दुर रहल चर्चा कईनी । उ वीरगंज के नारायणी अस्पताल, नेशनल मेडिकल कलेज सँगे वीरगंज हेल्थकेयर मे शुरू भईल ई सेवा के चलते बहुते जनता लाभ लेवे सकेके जानकारी करवनी ।
“बीमा कार्जक्रम एकदमे बढिया कार्जक्रम ह, एकरा से धनी–गरीब सभी सहज सुलभ ईलाज सेवा मिली,” कहत उ, “हेल्थकेयर अस्पताल वितल लम्हर समय से चक्रवात आ कोरोना महामारी मे भी प्रभावकारी सेवा देवेके अस्पताल भईला से ई अस्पताल से बीमा कार्जक्रम के लक्षित समूह के सहज आ प्रभावकारी सेवा देवेके हमरा विश्वास बा ।”
कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ के सचिव दीपेन्द्र चौहान समाज के जेतना जानकारी होखेके चाहिं, ओतना ना भईला के चलते बीमा कार्जक्रम से अधिकांश सर्वसाधारण लाभ लेवे ना सकल बतवनी । बीमा बोर्ड वीरगंज शाखा के हरिश पन्त बीमा कार्जक्रम के अनेकन आयामबारे मे जानकारी करवले रहलन आ कार्जक्रम के अध्यक्षता अस्पताल के अध्यक्ष डा अबुलहैस अन्सारी कईले रहलन ।
पत्रकार राधेश्याम पटेल से सञ्चालन कईल कार्जक्रम मे पत्रकार महासंघ मधेस प्रदेश के महासचिव श्याम बन्जारा, पर्सा के सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक तेजप्रसाद पोखरेल, बीमा बोर्ड वीरगंज कार्यालय के प्रमुख रेखा गौतम, नारायणी अस्पताल के निमित्त मेसु डा उदयनारायण सिंह, डा दीलिप चौरसिया, डा आरके सिंह लगायत सञ्चारकर्मीलोग के सहभागिता रहल रहे ।
कार्जक्रम मे अस्पताल के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत भूमिका अधिकारी स्वागत मन्तव्य देत अस्पताल वितल समय से अभी तक देत आईल सेवा सम्बन्धी जानकारी करवले रहनी ।






