कोभिड–१९ के रोकथाम आ जोखिम न्यूनीकरण के खातिर प्रभावकारी समाचार प्रवाह करेके निर्देशन

काठमाण्डु ९ चईत,

सञ्चार तथा सूचना प्रविधिमन्त्री डा युवराज खतिवडा कोभिड–१९ के रोकथाम आ जोखिम न्यूनीकरण के खातिर सार्वजनिक सञ्चारमाध्यम आ सञ्चार सेवा प्रदायक संस्था के आउर प्रभावकारी सूचना प्रवाह करेके निर्देशन देहले बानी ।

सञ्चार मन्त्रालय मे उ निकाय के प्रमुख सँगे के आजु के छलफल मे मन्त्री डा खतिवडा कोभिड–१९सङ्क्रमण, रोकथाम तथा नियन्त्रण उच्चस्तरीय समन्वय समिति आ सरकार के निर्णय सम्बन्धी समाचार व्यवस्थित आ प्रभावकारीरुप मे सम्प्रेषित भईला पर जनता से सही सूचना मिलेके आ कउनो डर के वातावरण ना होखेके बतवनी ।

विशेष परिस्थिति मे छिनछिन मे निर्णय आ ताजा सूचना सम्प्रेषण करेवाला भईला से आपन उपकरण आ साधन के तन्दुरुस्त राख के जनशक्ति के सक्रियता के साथ परिचालन करके जनता के सूचना प्रवाह मे कउनो कमी होखे ना देवे खातिर उ निर्देशन देहनी ।

उ निकाय के काम सँगे सम्बन्धित कउनो निर्णय करेके पडला पर खुद उच्चस्तरीय समन्वय समिति मे प्रस्ताव लेजाएके जानकारी करवनी । सरकार के प्रवक्ता डा खतिवडा कहनी कि, “सामाजिक सञ्जाल के दुरुपयोग करके ना भईल समस्या के देखा के वातावरण त्रसित बनावे खोजेवाला के कानूनी कारवाही के दायरा मे लियावे के काम हो रहल बा ।

हमनी के सार्वजनिक सञ्चारमाध्यम आ सभी सञ्चारमाध्यम से समय मे सही सूचना देहला पर अफवाह फईलावेवाला निरुत्साहित होखिहें ।”
उ शिक्षालय छुटी ना भईला से लइकालइकी आ विद्यार्थी के घर मे बईठ के इन्टरनेट से पढेवाला भईला से ओकर सहज प्रबन्ध के खातिर भी सम्बन्धित निकाय के ध्यानाकर्षण करवनी ।

अर्थमन्त्री डा खतिवडा विषय विज्ञ के छनोट सही ज्ञान आ सूचना देवेवाला सामाजिक जिम्मेवारी लेहल के करेके पडि कहत भईल विषयवस्तु के बढाइचढाई भा अनावश्यक अनुमान करके आतङ्कित करेके काम विज्ञ के ना होखेके चाहिं कहके बात मे जोड देहनी ।

छलफल मे सरकारी स्वामित्व मे रहल सञ्चारमाध्यम के प्रमुख, सञ्चार सेवा प्रदायक संस्था आ सञ्चार क्षेत्र के नियमनकारी निकाय के प्रमुख से अभी कोभिड–१९ रोकथाम आ नियन्त्रण के सन्दर्भ मे सरकारी निर्णय आ ओकर कार्यान्वयन मे आपन संस्था से हो रहल पहल के बारे मे जानकारी देहले रहनी । एहितरे जब विपद् आ जोखिम के अवस्था आवेला, तब आदमी के समय मे सही सूचना के जरुरत पडेला ।

सही सूचना मिलल नागरिक के संवैधानिक हक ह । अईसन अवस्था मे कैयन गलत आ अप्रमाणित सूचना से जनधन के नोक्सानी भी पुगावे सकेके ओरी सब से पहिले सञ्चारमाध्यम हि सचेत होखेके पडि । विश्वव्यापी सङ्क्रमण हो रहल कोभिड–१९ के रोकथाम आ जोखिम न्यूनीकरण के खातिर ई समय सरकारी आ निजी सञ्चारमाध्यम आपन उहे जिम्मेवार भूमिका निर्वाह के खातिर हरदम प्रयत्न कर रहल बा ।

राज्य के चउथका अङ्ग के रुप मे मानल जाएवाला पत्रकारिता क्षेत्र से हि दर्शक, स्रोता आ पाठक के सूचना आ सचेतना के साथे शिक्षा आ मनोरञ्जन के क्षेत्र मे निरन्तर सेवा करत रहेला ।

राज्य के सञ्चारमाध्यम के रुप मे रहल सरकारी स्वामित्व के सार्वजनिक सञ्चारमाध्यम आ सञ्चार सेवा प्रदायक निकाय के भूमिका अईसन परिस्थिति मे आउर विशेष होखेके उदाहरण विसं २०७२ के भूकम्प के समय उ निकाय से कईल योगदान से स्पष्ट भइल बा ।
कोभिड–१९ के रोकथाम आ जोखिम न्यूनीकरण के खातिर उ माध्यम आ निकाय का कर रहल बा आ आउर प्रभावकारी प्रस्तुति के खातिर सरकार के ओरी से का करेके पडि ? इहे सवाल आ कार्यसूची के साथ अर्थमन्त्री एवम् सञ्चार तथा सूचना प्रविधिमन्त्री डा युवराज खतिवडा आजु सबेरे १०ः३० बजे सिंहदरबारस्थित सञ्चार तथा सूचना प्रविधि मन्त्रालय के सभाकक्ष मे उपस्थित भईल रहनी, जहाँ उ निकाय के प्रमुख आ प्रतिनिधि बोलावल गईल रहे ।

कोभिड–१९ के रोकथाम आ जोखिम न्यूनीकरण के खातिर सार्वजनिक सञ्चारमाध्यम आ सञ्चार सेवा प्रदायक संस्था के आउर प्रभावकारी सूचना प्रवाह करे खातिर निर्देशन देत अभी उ निकाय से कईसन काम भईल बा कहके मन्त्री डा खतिवडा से पुछला के बाद शुरु भईल ब्रिफिङ से मन्त्री डा खतिवडा सोंचल जइसन तरिका से काम हो रहल आ एकरा के कआउर व्यवस्थित बनावे के निचोड मे पुगनी ।

उ माध्यम से राज्य के निर्णय आ जनस्तर के समस्या आ सूचना के नियमित प्रवाह कर रहल आ आपन सभी सेवा के कोभिड–१९ मुखी बनावल जानकारी करवले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।