पकहाँ मे नेपाली काँग्रेस के बृहत पार्टी प्रवेश कार्जक्रम

वीरगंज २५ चईत

पर्सा के पकहा मैनपुर गाँवपालिका मे आजु नेपाली काङ्ग्रेस के बृहत पार्टी प्रबेश कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

गाँवपालिका के वार्ड नं. २ मधुवनी मे भईल कार्जक्रम मे नेकपा माओवादी केन्द्र पकहा मैनपुर गाँवपालिका कमिटी के अध्यक्ष सुरेश मेहता सहित अनेकन पार्टी परित्याग करके दु सय जने से बेसी कांग्रेस मे प्रबेश कईले बाडन ।

पार्टी प्रबेश कार्जक्रम के सम्बोधन करत प्रमुख अतिथि नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य एवं पूर्व मन्त्री अजय चौरसिया मधेशी जनता के हक अधिकार, आरक्षण के व्यवस्था नेपाली कांग्रेस के सरकार के पाला मे सुनिश्चित भईल बतावत स्थानिय तह मे हो रहल व्यापक भ्रष्टाचार हटाके जनता के हकहित तथा बिकास के खातिर नेपाली कांग्रेस के जितावे खातिर निहोरा कईनी । केन्द्रिय सदस्य चौरसिया मधेशी जनता के नाम मे भोट लेके जितल जनप्रतिनिधीलोग मधेशी जनता के धोखा देके खुद सत्ता के स्वार्थ मे लागल आरोप लगवनी ।

बितल बरीस के निर्वाचन मे माओवादी से गाँवपालिका अध्यक्ष मे चुनाव लडल मेहता गाँवपालिका अध्यक्ष विजय चौरसिया से कम मतान्तर से पराजित भईल रहलन । आवेवाला निर्वाचन मे कांग्रेस से चुनाव लडेके मेहता के तईयारी बा ।

मेहता संगे जनता समाजवादी पार्टी पकहा मैनपुर गाँवपालिका समिति के अध्यक्ष विनोद मेहता, माओवादी गाँवपालिका कमिटी के सचिव संजय चौहान, लतिफ मियाँ, साविक गाविस सुर्जाहा के पूर्व गाविस अध्यक्ष शिवनाथ महतो, विन्दुभुषण साह लगायत पार्टी प्रबेश कईले बाडन । बितल बरीस के निर्वाचन मे तत्कालिन संघिय समाजवादी फोरम से विनोद मेहता वार्ड अध्यक्ष मे चुनाव लडल रहलन । एहितरे उहे कार्जक्रम मे पोखरिया नगरपालिका वार्ड नं. ६ श्रीसिया के वार्ड अध्यक्ष सियानन्द प्रसाद चौहान भी पार्टी प्रबेश कईल नेपाली कांग्रेस पर्सा क्षेत्र नं. ३ के सभापति श्रीकिशुन चौहान जानकारी देहनी । वार्ड अध्यक्ष चौहान संगे चानजित बैठा, इनरदेव यादव, शिवनारायण यादव, संतोष यादव, हरि राम, बिरेन्द्र महतो, अवधेश साह, अमरदेव राम लगायत एक सय जने प्रबेश कईल सभापति चौहान बतवनी ।

पकहा मैनपुर गाँवपालिका समिति के अध्यक्ष हरि चौहान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नवप्रबेशीलोग के नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य अजय चौरसिया, पूर्व केन्द्रिय सदस्य सुरेन्द्र चौधरी, जिल्ला सभापति जनार्दन सिंह क्षेत्री, मधेश प्रदेश के खानेपानी तथा उर्जा बिकास मन्त्री ओमप्रकाश शर्मा, नेपाली कांग्रेस पर्सा उपसभापतिद्वय रामनारायण कुर्मी, अशोक कुमार गुप्ता, प्रवक्ता रमेश पाण्डे लगायत के लोग फुल माला आ अविर के टिका लगाके पार्टी मे स्वागत कईल कार्जक्रम के संचालन जिल्ला सदस्य ललन द्विवेदी बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।