पोखरिया मे बजार अनुगमन १० गो दोकान उपर कारबाही
वीरगंज १८ कुवार
पर्सा के पोखरिया नगरपालिका–४, पोखरिया बजार मे अनुगमन करके १० गो दोकान के कारबाही कईले बा । पोखरिया नगरपालिका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत अजयकुमार श्रीवास्तव के नेतृत्व मे गठित अनुगमन समिति पोखरिया बजार मे बियफे के दिने अनुगमन करेके समय मे १० गो दोकान के कारबाही कईले बा ।
उपमेयर रुबी ठाकुर के निर्देशन मे बियफे के दिने खटल टोली होटल, दवाई, कस्मेटिक, पान, फलफूल लगायत के दोकान मे अनुगमन कईले रहे । अनुगमन के समय मे म्याद बितल आ गुणस्तरहीन सामान मिलला के बाद ३ गो किराना दोकान, दु गो होटल, एगो दवाई दोकान, दु गो कस्मेटिक दोकान आ दु गो फलफूल दोकान के कारबाही कईल श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।
म्याद बितल आ गुणस्तरहीन सामान जफत कईल उ बतवनी । कारबाही मे परल दोकान के सञ्चालकलोग के शुक के दिने नगरपालिका कार्यालय मे सम्पर्क करे खातिर निर्देशन देहल बतवनी ।
अनुगमन टोली मे पशु अस्पताल पोखरिया के प्रमुख कौशल कुमार झा, पोखरिया अस्पताल के डाक्टर सन्जय गुप्ता, नगरपालिका के स्वास्थ्य शाखा प्रमुख कौशलेन्द्र मिश्रा, शिक्षा शाखा प्रमुख विजय कुमार झा, सामाजिक शाखा प्रमुख बाल्मिकी साह, प्रहरी सहायक निरीक्षक धर्मेन्द्र साह लगायत के सहभागीता रहे ।