लिखत पारित के शतवार्षिकी अवसर मे कलैया मालपोत कार्यालय कार्जक्रम कर के मनारहल

प्रभु यादव

बारा ३० चईत

बारा के भुमि सुधार तथा मालपोत कार्यालय कलैया लिखत पारित के शतवार्षिकी अवसर मे तीन दिन कार्जक्रम कर के मना रहल बा ।

पहिलका दिन बुध के विहनीया के समय मे मालपोत कार्यालय के कर्मचारी, लेखापढी व्यवसायी संघ के पदधिकारी लोग के सहभागिता मे कार्यालय परिसर के सरसफाइ कईल गईल प्रमुख मालपोत अधिकृत गोपाल प्रसाद बराल जनकारी करावले बानी ।

वियफे के दिन कार्यालय परिसर मे सरोकारवाला सभे संग मे बतकही कार्जक्रम मे आयोजना करे के बराल जनकारी करावले बानी ।

तिसरा दिन अन्तिम दिन सेवाग्राही लोग के समान करे के कार्जक्रम रहल अधिकृत बराल जनकारी करावले बानी । शतवार्षिकी कार्जक्रम मालपोत कार्यालय के सुचना अधिकारी नायव सुब्बा सागर कुमार साह के व्यवस्थापन मे कईल जारहल बा ।

सुबह के समय मे भईल सरसफाइ कार्जक्रम मे प्रमुख मालपोत अधिकृत बराल, कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ४ के वार्ड अध्यक्ष जटाशकर सहनी, सूचना अधिकारी साह, लेखा प्रमुख छोटेबाबु यादव, लेखापढी कानुनी व्यवसायी एसोसियसन बारा के अध्यक्ष वृजकिशोर यादव लगायत ६१ जने के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।