धोविनी गाँवपालिका–४ के वार्ड अध्यक्ष मे पत्रकार बनिया के उम्मेदवारी

पोखरिया १२ बैशाख
पर्सा के धोविनी गाँवपालिका के वार्ड नं ४ के वार्ड अध्यक्ष पद मे नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी माओबादी केन्द्र से पत्रकार लालबाबु बानिया उम्मेदवारी देहले बाडन । पत्रकारिता क्षेत्र मे रहके समाजिक क्षेत्र मे काम करत आईला से उ क्षेत्र से हाँसिल कईल अनुभव राजनीति मे प्रयोग करेके उ बतवनी ।
‘जनयुद्ध काल होखो भा अनेकन आन्दोलन के समय गाँव के आदमी के नेता से अगाडि बढके सहजोग कईले बाडन । पत्रकारिता क्षेत्र मे रहके जनता के दुःख सुख मे काम करत अईला से राजनीति मे आके जनता के सेवा करेके बतवनी । धोबिनी गाँवपालिका के वार्ड नं ४ लंगडी, बखरी के जनतालोग सँगे हसुवा हथौडी मे मोहर लगाके बिजयी करावे खातिर निहोरा भी कईनी ।






