पर्सा जिल्ला के सीमा नाका से खुल्लेयाम तस्करी बढल, पुलीस जवान से एसपी तक के सेटिङ्ग रहल आरोप

अजय कु. चौरसिया

वीरगंज १० भादो

पर्सा जिल्ला, देश के एगो महत्वपूर्ण जिल्ला के रुप मे मानल जाला । पर्सा जिल्ला के वीरगंज से लेके ठोरी तक के सिमानाकासब से स्थानिय सशस्त्र पुलीस आ नेपाल पुलीस के सेटिङ्ग मे खुल्लेयाम तस्करी हो रहल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।

सीमा नाका मे पुगल नेपाल पुलीस आ सशस्त्र पुलीस के कमाण्डरलोग के चलते पर्सा जिल्ला के सीमा नाकासब से दिन पर दिन तस्करी काम बढत गईल समाचार स्रोत के दाबी रहल बा । राजनीतिक पावर के अधार मे सीमा नाकासब मे पुगल प्रहरी निरीक्षकलोग कमाण्ड सम्हारल एक हप्ता मे हि तस्करी के काम दिन दु गुना रात चौगुना बढला से संगठन के इमान्दारीता आ संगठन प्रमुख के नीति निर्देशन उपर हि प्रश्न चिन्ह खडा होखे लागल बा । पर्सा जिल्ला के मुख्य नाका के रुप मे रहल वीरगंज भन्सार लगायत ग्रामिण भेग के नाकासब से भी खुल्लेयाम तस्करी हो रहल बा ।

मुख्य भन्सार वीरगंज के मुल गेट अगाडी से दर्जनो तस्करलोग सकृय रहल एक घटना से उजागर भी भईल बा । वीरगंज भन्सार के मुल गेट अगाडी से तस्करी हो रहल सूचना मिलते मातर सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल २ नम्बर छिन्नमस्ता बाहिनी से खटल सशस्त्र पुलीस के टोली नेपाली नम्बर २ गो टेम्पु सहित करिब ५ लाख बराबर के कपडा कुछ दिन पहिले बरामद कईले रहे । उ घटना से वीरगंज भन्सार के सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक रबिन्द्र भट्ट खुदे तस्करी के बढावा देहल प्रमाणित जईसन भईल छपकैया के एक तस्कर नाम ना छापेके शर्तमे ई दैनिक के बतवले बाडन । वीरगंज भन्सार अगाडी से मुन्ना, भोला, सुरेन्द्र, बिनोद, मुख्तार लगायत दर्जनो तस्करलोग आपन अवैध काम करेमे सकृय रहल बाडन ।

सीमा से होखेवाला चोरी तस्करी नियन्त्रण के जिम्मेवारी मिलल सशस्त्र प्रहरी बल के सीमा नाका के अधिकारीलोग आपन उद्देश्य विपरीत तस्करलोग से सेटिङ कर रहल बाडन । सीमानाका मे मुख्य जिम्मेवारी मिलल सशस्त्र पुलीस के भिलीभगत मे बीरगंज के प्रमुख भन्सार नाका, छपकैया, ईनर्वा गाँव, श्रीसिया, अलौं, ड्राईपोर्ट, अमरपटी, प्रसौनी भाठा, धोरे, भिस्वा, सबैठवा, टिहुकी, बुडगाई, मिर्जापुर, पाडेंपुर, जानकीटोला, महादेवपटी, ठोरी लगायत के नाका से ब्यापकरुप मे तस्करी शुरु भईल बा ।

नेपाल से दारु, केराउ, मरिच, छोकडा, चाईनिज सेव, सिगरेट, कवाडी सामान भारत ओरी तस्करी होके जा रहल बा त भारत ओरी से कपडा, हार्डवेयर, भैसी, पडा, लागुऔषध लगायत के सामानसब तस्करी के माध्यम मे सशस्त्र पुलीस के सेटिङ्ग मे नेपाल ओरी आ रहल बा ।

एहितरे पर्सा के अनेकन नाका से साइकल, मोटरसाइकल मे मात्र ना टेम्पु के माध्यम से तस्करी कर रहल स्थानिय प्रत्यक्षदर्शीलोग बतवले बाडन । स्रोत के मुताविक तस्करी वापत सशस्त्र प्रहरी बल १३ नम्बर गण के प्रमुख एसपी तेज पोखरेल आपन सादा डरेस के घुमुवा राख के महिनवारी लेरहल समाचार स्रोत के दाबी रहल बा । बिना आपन उपरला अधिकृत के आदेश से कउनो भी पुलीस तस्करी करावे ना सकेके आ एक रोपेया भी असुली करे ना सकेके सचेत नागरिकलोग के कहनाम रहल बा ।

ई विषय मे सशस्त्र प्रहरी बल १३ नं. गण के एसपी पोखरेल से फुन सम्पर्क करके बुझला पर हरेक दिन सिमानाका मे खटेवाला पुलीसलोग कुछ ना कुछ पकड रहल बाडन । अगर उलोग के मिलीभगत रहित त कईसे सामान पकडतन, कउनो अधिकृत गल्ती कईले बाडन त प्रमाण मिलला पर कारवाही करेके कहत एसपी पोखरेल फुन के आउर विस्तृत जानकारी ना देके कार्यालय मे आके भेट करे खातिर कहनी ।

सशस्त्र पुलीस के निति नियम के धजिया उडावेवाला हरेक पुलीस से लेके अधिकृतलोग के उपर उपरला निकाय अनुसन्धान करके कारवाही ना करी त संगठन हि बदनाम के कगार मे पुगल जानकारलोग के कहनाम रहल बा । तसर्थः अईसन कृयाकलाप करे आ करावेवाला दुनु उपर सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल मधेश प्रदेश आ केन्द्र के प्रमुखलोग के ध्यान गईल बहुते जरुरी रहल देखल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।