भारतीय अभिनेता गोविन्दा रौतहट के मौलापुर मे
भारतीय अभिनेता गोविन्दा रौतहट के मौलापुर मे

रौतहट २५ फागुन
रौतहट के मौलापुर मे शुक के दिने से मधानी महोत्सव शुरु भईल बा । महोत्सव के पहिलका दिन भारतीय अभिनेता गोविन्दा कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहलन । नेपाली तथा भोजपुरी चलचित्र के कलाकारलोग भी ई महोत्सव मे सहभागी रहलन ।
मौलापुर नगरपालिका से आयोजना कईल उ कार्जक्रम मे सहभागी होखे खातिर भारतीय चलचित्र के सुपरस्टार अभिनेता गोविन्दा रौतहट आईल रहनी । उनकर प्रस्तुति देखे खातिर हजारो के संख्या मे रौतहट लगायत के जिल्लासब से दर्शक मौलापुर मे आईल रहलन ।
कार्जक्रम मे अभिनेता गोविन्दा गीत तथा नृत्य प्रस्तुत कईले रहलन । रौतहट आवेके मिलला पर हमरा खुशी लागल बतावत उ नेपाल आ नेपाली दर्शकलोग के माया हमरा हरदम मिलल बतवनी ।
नेपाल सरकार के पर्यटकीय गन्तव्य मेसे के एक मौलापुर नगरपालिका ५ पतौरा मे रहल पुरातात्विक महादेव मन्दिर के प्राङ्गण मे मधानी महोत्सव सुरु भईल बा ।
मौलापुर नगरपालिका हरेक बरीस पतौरा महादेव मन्दिर मे मधानी महायज्ञ के आयोजना करत आईल बा ।
पतौरा मे जमिन उत्खनन कईला पर ११ वाँ शताब्दी पहिले बनावल शिव मन्दिर मिलला के बाद स्वदेशी तथा विदेशी पुरातत्वविद के स्थलगत अध्ययन कराके ई जगहा मे मधानी महायज्ञ के सुरुवात कईल रहे । कर्णाटककाल से पहिले के अवषेशसब मिलला के बाद पुरातत्व विभाग के इहाँ उत्खनन कईले रहे ।
मधानी महोत्सव मे नेपाल आ भारत के करके ५ लाख से बेसी सहभागी होखे लागल आयोजक जनवले बा । मौलापुर नगरपालिका के मेयर रिना साह के अध्यक्षता मे भईल महोत्सव के प्रमुख अतिथि आम जनता पार्टी के अध्यक्ष तथा पूर्वमन्त्री प्रभु साह रहल रहनी ।