गौर हत्याकाण्डः न्याय के माग करत गौर मे विशाल प्रदर्शन

रौतहट ०१ सावन

गौर हत्याकाण्ड के पीडित के न्याय दिलावे खातिर आजु रौतहट के सदरमुकाम गौर मे विशाल प्रदर्शन भईल बा । हत्याकाण्ड के आपराधि के कानूनी कठघेरा मे लियावे खातिर लगातार सरकार के ध्यानार्षण करईला पर भी कउनो सुनुवाई ना भईल कहत पीडित संघर्ष समिति खबरदारी जुलुस निकलले बा ।

गाँव–गाँव से हजारो के संख्या मे आईल प्रदर्शनकारीलोग ‘हत्याकाण्ड के नाईके उपेन्द्र यादव के गिरफ्तार कर, पीडित के न्याय दे, हत्यारालोग के कारवाही कर, मानव अधिकार के रक्षा कर, कानूनी शासन लागु कर’ जईसन नारासब लगवले बाडन ।

गौर के विपि चौक से सुरु भईल जुलुस गौर बजार परिक्रमा करके समिति रौतहट के प्रमुख जिल्ला अधिकारी के ज्ञापन पत्र बुझवले बा । हत्याकाण्ड के पीडितलोग जाहेरी दर्ता करावल डेढ दशक से बेसी होखे लागला पर भी पुलीस प्रशासन राजनीतिक शक्ति के आड मे मुद्धा के ओझेल मे पारल कहत संघर्ष समिति के संयोजक रुपसागर देवी आक्रोश व्यक्त कईले बानी ।

२०६३ चईत ७ गते दिनके १ बजे उपेन्द्र यादव नेतृत्व के तत्कालिन मधेसी जनअधिकार फोरम के कार्यकर्तालोग २८ जने माओवादी निर्दोष कार्यकर्ता के निर्मम हत्या कईले रहलन ।

उपेन्द्र यादव के नेतृत्व मे भईल उ घटना मे पर के २७ जने के घटना स्थल मे आ १ जने के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल रहे आ सयो के संख्या मे निर्दोष नागरिकलोग घायल भईल रहलन ।

उ घटना मे बन्दुक, बाँस के फाटा, पथल से मुडि आ मुख मे मरले रहलन । एहितरे जनानीलोग के बाँस के फाटा से सम्बेदनशील अंगसब मे घोचके, बलात्कार करके, स्तन काटके छटपटा रहल अवस्था मे जियते आगी लगाके हत्या कईल रहे ।

ई घटना प्रचलित नेपाल कानून बमोजिम अपराध मात्र ना होके नेपाल पक्ष रहल टरचर कन्भेन्सन लगायत के आउर अन्तर्राष्ट्रिय महासन्धी समेत से अईसन किसिम के जघन्य अपराध के अन्तर्राष्ट्रिय अपराध के रुप मे स्वीकार कईले बा ।

गौर हत्या काण्ड भईला के बिहान भईला हि तत्कालिन गृहमन्त्री कृष्णप्रसाद सिटौला, सञ्चारमन्त्री कृष्णबहादुर महरा आ संयूक्त राष्ट्र संघीय मिसन (अनमिन) के प्रतिनिधि भी घटना स्थल पुगल रहलन । घटना के वास्वविक तथ्य पता लगावे खातिर नेपाल सरकार तत्कालिन पुनराबेदन अदालत के न्यायाधिश हरिप्रसाद शर्मा के संयोजकत्व मे गठन कईल छानविन आयोग से बुझावल प्रतिवेदन आ राष्ट्रिय मानव अधिकार आयोग समेत के प्रतिबेदन से भी ई घटना के राजनैतिक झडप ना होके जघन्य एवं अमानविय अपराध कईल कहके निष्कर्ष निकलले रहे ।

गौर हत्याकाण्ड के पीडित संघर्ष समितिद्धारा रौतहट के प्रमुख जिल्ला अधिकारी के बुझावल गईल ज्ञापनपत्र मे संघर्ष के अनेकन कार्जक्रम सहित सावन १५ गते से अनिश्चितकालिन रौतहट बन्द के घोषणा कईल बा ।

‘आजु हमनी सिडियो कार्यालय मे ज्ञापन पत्र बुझवले बानी । सावन २ गते से १२ गते तक पालिकासब मे गौर हत्याकाण्ड के बारे मे जानकारी आ बतकही कार्जक्रम करेके, शहीद परिवार एवं पीडितलोग द्धारा धर्ना देवेके, १४ गते मोटरसाईकल जुलुस निकालेके आ हमनी के माग पुरा ना भईला के बाद १५ गते से अनिश्चितकालिन रौतहट बन्द कईल जाई’ संघर्ष समिति के संयोजक रुपसागर देवी कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।